योगी सरकार राज्य कर्मचारियन के DA 4% बढ़वलस, 18 लाख कर्मचारियन के फायदा

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 11, 2024

उत्तर प्रदेश के योगी सरकार राज्य कर्मचारियन आ पेंशनरन के होली से पहिले बड़ तोहफा देले बिया। प्रदेश सरकार कर्मचारियन आ पेंशनरन के डीए में चार प्रतिशत के बढ़न्ती कइले बिया। राज्य कर्मचारियन के जनवरी

Share

उत्तर प्रदेश के योगी सरकार राज्य कर्मचारियन आ पेंशनरन के होली से पहिले बड़ तोहफा देले बिया। प्रदेश सरकार कर्मचारियन आ पेंशनरन के डीए में चार प्रतिशत के बढ़न्ती कइले बिया। राज्य कर्मचारियन के जनवरी 2024 से बढ़ल डीए के लाभ मिली। एसे करीब राज्य के 10 लाख कर्मचारियन आ आठ लाख शिक्षकन के फायदा होई।

भाषा विश्वविद्यालय के 9 शिक्षकन के सेवा समाप्त करे के संस्तुति

ख्वाजा मुईनुद्दीन चिश्ती भाषा विश्वविद्यालय के पूर्व कुलपति प्रो. माहरुख मिर्जा सहित आठ शिक्षकन पs बड़ कार्रवाई के संस्तुति कइल गइल बा। कार्यपरिषद के बैठक के बाद सभे के पद से हटावे आ सेवा समाप्ति के निर्णय लिहल गइल बा। सब शिक्षकन के नियुक्ति प्रक्रिया में अनियमितता के शिकायत के बाद भइल न्यायिक जांच रिपोर्ट के आधार पs ई निर्णय भइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.