BREAKING NEWS: योगी आदित्यनाथ के चुनल गइल विधायक दल के नेता, राज्यपाल से मिलके करिहे सरकार बनावे के दावा पेश। पार्टी के दोबारा भरोषा जतावे ला योगी देले धन्यवाद

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 24, 2022

भाजपा विधायक दल के बैठक में योगी आदित्यनाथ के विधायक दल के नेता चुन लिहल गइल बा। मानल जा रहल बा कि योगी आदित्यनाथ आज बियफे के देर रात ले राज्यपाल आनंदीबेन पटेल से मिलके

Share

भाजपा विधायक दल के बैठक में योगी आदित्यनाथ के विधायक दल के नेता चुन लिहल गइल बा। मानल जा रहल बा कि योगी आदित्यनाथ आज बियफे के देर रात ले राज्यपाल आनंदीबेन पटेल से मिलके सरकार बनावे के दावा पेश कs सकत बाड़े।

योगी सरकार 2.0 के शपथ ग्रहण समारोह सुक के साँझ के 4 बजे से इकाना स्टेडियम में होई। प्रस्तावित कार्यक्रम के अनुसार साँझ के योगी राजभवन पहुँच के राज्यपाल आनंदीबेन पटेल के सोझा 273 विधायकन के समर्थन से सरकार बनावे के दावा पेश करिहे।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.