Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

100 दिन के योगी सरकार : एह 100 दिन में भ्रष्टाचार के खिलाफ गहिराह छाप छोड़ल गईल, बड़ मछरियन से निपटे के काम भइल

सोमार 4 जुलाई के यूपी के योगी आदित्यनाथ सरकार 2.0 के सौ दिन के काम पूरा हो गइल बा। एह सौ दिनन के कार्यकाल में सीएम योगी आदित्यनाथ भ्रष्टाचार के खिलाफ तेजी से कार्रवाई कइले बाड़े।

560

सोमार 4 जुलाई यानी आज यूपी में योगी आदित्यनाथ सरकार 2.0 के 100 दिन पूरा हो चुकल बा। सीएम योगी आदित्यनाथ एह सौ दिन के रिपोर्ट कार्ड भेंट कइले। योगी सरकार के दूसरा कार्यकाल के पहिला 100 दिन बहुत खास रहल बा। एह सौ दिन में उत्तर प्रदेश के भाजपा सरकार भ्रष्टाचार के खिलाफ गहिराह छाप छोड़ले बिया। अधिकारी से लेके मंत्री तक सरकारी काम के लेके सभके बेहतर काम करे के सलाह दिहल गइल बा। पढ़ीं कि 100 दिन में योगी सरकार कइसे भ्रष्टाचार पर कड़ा हमला कइलस…

जइसहीं सीएम योगी आदित्यनाथ सरकार में अइले, सबसे पहिले राज्य के मंत्री लोग के ट्रांसफर, सलाह दिहल गइल कि पोस्टिंग पट्टी करे से दूरी बना के राखल जाव। एकरा संगे-संगे मंत्रियन के निजी सचिव पs नजर राखे के सलाह दिहल गइल, जबकि रिश्तेदारन के सरकारी काम से दूर रहे के कहल गइल। एकरा संगे-संगे मंत्री लोग से निहोरा कइल गइल कि उ लोग आपन संपत्ति के घोषणा करे लोग।

भ्रष्टाचार के खिलाफ सरकार के कड़ा रहल रुख

31 मार्च के भ्रष्टाचार के ममिला में सोनभद्र के डीएम टीके शिबू के निलंबित कs दिहल गइल। औरैया के डीएम सुनील कुमार वर्मा के 4 अप्रैल के निलंबित कs दिहल गइल। 5 मई के गाजियाबाद के डीएम निधि केसरवानी के भ्रष्टाचार के आरोप में निलंबित कs दिहल गइल। एकरा संगे-संगे राज्य सरकार के मंत्री लो अस्पताल आ तहसीलन में जाके जनता के समस्या सुनल लो। एकरा साथे-साथे मंत्री लोग जनसुनवाई खातिर एगो चौपाल लगावल लो, निरदेस दिहल गइल कि उ लोग के रिपोर्ट के लागू कइल जाव।

साभार: हिंदुस्तान

286210cookie-check100 दिन के योगी सरकार : एह 100 दिन में भ्रष्टाचार के खिलाफ गहिराह छाप छोड़ल गईल, बड़ मछरियन से निपटे के काम भइल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.