बरसाना में योगी आदित्यनाथ के लड्डू वाला होली, कहले- ‘राधा रानी के चरण में नमन करे बरसाना आइल बानी’

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 7, 2025

भगवान श्रीकृष्ण के नगर मथुरा में 40 दिन के होली के परब चल रहल बा। आजु ब्रज के विश्व प्रसिद्ध होली में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ भी भाग लेले बाड़े। उs बरसाना के राधा रानी मंदिर

Share

बरसाना में योगी आदित्यनाथ

भगवान श्रीकृष्ण के नगर मथुरा में 40 दिन के होली के परब चल रहल बा। आजु ब्रज के विश्व प्रसिद्ध होली में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ भी भाग लेले बाड़े। उs बरसाना के राधा रानी मंदिर पहुंच के लड्डू मार के होली के आनंद लेले बाड़े। बता दीं कि आज राधा रानी के दरबार में लड्डू मार होली के आयोजन भइल बा। शनिचर के दिने एहिजा लाठी से होली खेलल जाई. बता दी कि सीएम योगी आज कई तरह के कार्यक्रम में भाग लेवे खातिर मथुरा पहुंचले।

राधा रानी के चरण में नमन करे खातिर बरसाना आइल बानी’

मथुरा में होली के आनंद लेत मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ एह मौका पs कहले कि महाकुंभ के भव्य आयोजन के बाद आज हम बरसाना आईल बानी होली के शुभकामना देवे अवुरी राधा रानी के चरण में नमन करे। हमनी के ब्रजभूमि भारत के सनातन धर्म के प्रति भक्ति के भूमि हs आ हमनी के सौभाग्य बा कि बाबा विश्वनाथ के निवास काशी, मर्यादा पुरुषोत्तम राम के पवित्र जन्मभूमि अयोध्या आ लीलाधारी श्री कृष्ण के जन्मभूमि आ लीलाभूमि मथुरा, वृंदावन आ बरसाना उत्तर प्रदेश में बा।

मथुरा में सीएम योगी के इs कार्यक्रम रहे

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ रंगोत्सव कार्यक्रम में भाग लेवे खातीर मथुरा के बरसाना पहुंचल बाड़े। पहिले से तय कार्यक्रम के मुताबिक सीएम योगी के हेलीकाप्टर मथुरा के बरसाना में स्थित नगर पंचायत के हेलीपैड पs 11:35 बजे उतरे के रहे। एकरा बाद राधारानी के दर्शन करावे खातिर 11:45 बजे रोपवे से मंदिर पहुंचे के पड़ल। सीएम के मंदिर में आयोजित लड्डू होली में 12:15 बजे शामिल होखे के रहे। एकरा अलावे उनुका कार्यक्रम में कॉलेज के मैदान में रंदोत्सव कार्यक्रम के उद्घाटन अवुरी लोक निर्माण विभाग के कमरा में अधिकारी से मुलाकात भी शामिल बा।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.