[the_ad_group id="30365"]

खुश रहे खातीर करी इs योगासन के अभ्यास, मिली तनाव से मुक्ति

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कुल आदमी खुश रहे के चाहत बा लेकिन जीवन में अक्सर छोट-बड़ समस्या आदमी के ध्यान भटकावेले, जवना से चिंता अवुरी अवसाद के स्थिति बढ़ जाला। एकरा चलते आदमी खुश रहे में असमर्थ हो जाला अवुरी चिंतित होखे लागेला। अगर आपके दिमाग शांत अवुरी आराम महसूस करता त s आपके खुशी महसूस होई लेकिन चिंता, अवसाद अवुरी जादा सोच खुशी में बाधा पहुंचावेला। अयीसना में कुछ योगासन के अभ्यास से मन के शांत, चिंता मुक्त अवुरी खुश राखे में मदद मिलेला। हमनी के जानल जाव कि सुखी रहे खातिर कवन योग के अभ्यास करे के चाहीं।

वज्रासन

मन के शांत राखे में वज्रासन के अभ्यास सहायक होला। एकरा संगे वज्रासन से पेट के समस्या अवुरी सुस्ती से राहत मिलेला। एह आसन के अभ्यास करे खातिर बांह के बगल में राखत धीरे-धीरे घुटना नीचे करीं अवुरी घुटना मोड़ के चटाई पs बईठ जाईं। श्रोणि के एड़ी पs रखीं आ पैर के उंगली बाहर के ओर करीं। हस्तीमुद्रा में घुटना से ऊपर हथेली रखी। अब पीठ सीधा कs के आगे देख लीं। कुछ समय ले एही स्थिति में रहीं, बाद में वापस सामान्य स्थिति में आ जाईं।

उत्तानासन

अगर रउआ डिप्रेशन के शिकार बानी तs उत्तानासन बहुत मददगार साबित होई। एह से मन शांत रहेला। उत्तानासन के अभ्यास करे खातिर सीधा चटाई पs खड़ा होके लंबा सांस लेके हाथ ऊपर के ओर ले जाईं। फेर साँस छोड़त घरी आगे झुक के दुनु हाथ से जमीन के छूईं। हाथ जमीन पs नीचे राखत पैर के उंगली के छूवे के कोशिश करीं। एकरा दौरान घुटना सीधा राखे के चाही। कुछ समय ले एs स्थिति में रहीं, ओकरा बाद हाथ के ऊपर उठावत सांस छोड़ीं अवुरी सामान्य स्थिति में खड़ा रहीं। नींद के समस्या भी एह योग से दूर हो जाला।

बालासन

एह आसन से शरीर लचीला हो जाला। एह योग आसन के अभ्यास से मानसिक शांति मिलेला आ तनाव कम हो जाला। अनिद्रा से पीड़ित होखला के बावजूद एs आसन के अभ्यास फायदेमंद होखेला। बालासन करे खातिर वज्रासन के स्थिति में जमीन पs बईठ के साँस लेत घरी दुनो हाथ के सीधा माथा से ऊपर उठाई। अब साँस छोड़ के आगे झुक जाइ। हथेली आ माथा जमीन पs रख के लमहर साँस लीं आ साँस छोड़ीं। हाथ के अँगुरी के एक संगे जोड़ के धीरे से सिर के दुनो हथेली के बीच में राखी। कुछ समय बाद वापस पुरान स्थिति में आ जाइ।

नोट : योगगुरु के सुझाव के आधार पs ई लेख तइयार कइल गइल बा। आसन के सही स्थिति के बारे में जाने खातिर आप कवनो विशेषज्ञ से संपर्क कs सकतानी।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]