ब्रश कइले के बादो पीयर दिखाई देला दांत तs केला के छिलका से करीं उज्जर दांत, फेर देखी कमाल

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 25, 2025

दाँत के पीलापन ना खाली हमनी के मुस्कान खराब कs सकता बालुक कई बेर शर्मिंदगी के कारण भी बन सकता। सभे चाहत बा कि ओकर दाँत बिल्कुल सफेद अवुरी चमकदार देखाई देवे। पीयर दाँत हमनी

Share

केला के छिलका

दाँत के पीलापन ना खाली हमनी के मुस्कान खराब कs सकता बालुक कई बेर शर्मिंदगी के कारण भी बन सकता। सभे चाहत बा कि ओकर दाँत बिल्कुल सफेद अवुरी चमकदार देखाई देवे। पीयर दाँत हमनी के सुंदरता के फीका कs सकेला। बाजार में बहुत रास केमिकल से भरपूर टूथपेस्ट अवुरी ट्रीटमेंट उपलब्ध बा, जवन कि दांत के चमकावे के दावा करेला। बाकिर, महंगा होखे के अलावे इs दांत के नुकसान भी पहुंचा सकता। अगर आप प्राकृतिक तरीका से दांत के सफेद करे के चाहतानी तs केला के छिलका एगो बढ़िया उपाय हो सकता। एs घरेलू उपाय के मदद से आप दांत के पीलापन आसानी से दूर कs सकतानी। तs जानीं कि केला के छिलका के इस्तेमाल कईसे कs के दांत चमकावल जा सकता।

केला के छिलका दांत खातिर काहे फायदेमंद?

केला के छिलका में पोटेशियम, मैग्नीशियम अवुरी मैंगनीज जईसन खनिज होखेला, जवन कि दांत के ऊपरी परत (इनेमल) के साफ अवुरी मजबूत राखेला। इs प्राकृतिक सफेद करे के काम करेला अवुरी बिना कवनो दुष्प्रभाव के दांत के निखार देवेला।

केला के छिलका से दांत सफेद करे के तरीका

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ जानीं पटना के हनुमान जी के युग्म मूर्ति वाला मंदिर ‘महावीर मंदिर’, इs काहें बा खास

केला के छिलका आ बेकिंग सोडा

केला के छिलका के छोट-छोट टुकड़ा में काट लीं।भीतरी सफेद हिस्सा पs बेकिंग सोडा छिड़क लीं. अब एकरा के 2-3 मिनट तक दांत पs रगड़ लीं। एकरा बाद गुनगुना पानी से कुल्ला करीं।

केला के छिलका आ नींबू

केला के छिलका के भीतरी हिस्सा के नींबू के रस में डुबो लीं।
एकरा के 2-3 मिनट तक दांत पs रगड़ लीं। 5 मिनट ले छोड़ला के बाद ब्रश करीं।

केला के छिलका आ नारियल तेल

केला के छिलका के अंदर नारियल तेल लगाईं।एकरा से दांत के हल्का से मालिश करीं। 5 मिनट के बाद कुल्ला कs लीं।

    इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

    खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.