हरियाणा: शराब पीए के बाद भइल उलटी,६ के मउत; पुलिस के सूचना दिहले बिना ६ लोगन के अंतिम संस्कार

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 9, 2023

पिछला दू दिन में हरियाणा के यमुनानगर जिला में जहरीला शराब के संदिग्ध सेवन के चलते 6 लोग के मउत हो चुकल बा। बतावल जाता कि जिला के मंडेबरी अवुरी पंजेटा के माजरा गांव में

Share

पिछला दू दिन में हरियाणा के यमुनानगर जिला में जहरीला शराब के संदिग्ध सेवन के चलते 6 लोग के मउत हो चुकल बा। बतावल जाता कि जिला के मंडेबरी अवुरी पंजेटा के माजरा गांव में संदिग्ध जहरीला शराब पी के 6 लोग उल्टी कs देले रहले। एकरा कुछ देर बाद पांच लोग के मउत हो गईल। तीन गो अउरी लोग के निजी अस्पताल ले जाइल गइल जवना में एक आदमी के मउत हो गइल। बतावल जाता कि मरेवाला के परिवार के लोग सुरेश कुमार, सोनू, सुरिंदर पाल, स्वर्ण सिंह अवुरी मेहर चंद बिना पोस्टमार्टम कईले लाश के अंतिम संस्कार कs देले।

संदिग्ध जहरीला शराब बनल काल 

संगही पुलिस के कहनाम बा कि अबे जांच जारी बा अवुरी कुछ लोग के पूछताछ खातीर हिरासत में लिहल गईल बा। यमुनानगर के पुलिस अधीक्षक गंगा राम पूनिया कहले कि, बुधवार के दुपहर में अस्पताल से एगो आदमी के मउत के जानकारी मिलल। एकरा के संदिग्ध जहरीला शराब के चलते मउत के मामिला बतावल गईल।” जांच के दौरान पुलिस के जिला के दु गांव से जानकारी मिलल कि मंगलवार के अवुरी दु लोग के अंतिम संस्कार भईल।

असली कारण पोस्टमार्टम के बाद पता चल जाई

एसपी बतवले कि ए पांच मामिला के संगे पुलिस अस्पताल के ओर से बतावल गईल मामिला के संदिग्ध जहरीला शराब के सेवन से भईल मउत के मामिला मानतिया। हालांकि मउत के सही कारण पोस्टमार्टम के बाद पता चल जाई अवुरी पुलिस जांच शुरू कs देले बिया।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.