पापा के पहिला बेर नेशनल अवॉर्ड मिलला पऽ भाउक भइली यामी गौतम

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 9, 2024

यामी गौतम टीवी सीरियल ‘चांद के पार चलो’ अउरी ‘ये प्यार ना होगा कम’ से अभिनय शुरू कइली। बॉलीवुड में आपन करियर के शुरुआत फिल्म ‘विकी डोनर’ से कइली। अभिनेत्री आज अपना दम पऽ इंडस्ट्री

Share

यामी गौतम टीवी सीरियल ‘चांद के पार चलो’ अउरी ‘ये प्यार ना होगा कम’ से अभिनय शुरू कइली। बॉलीवुड में आपन करियर के शुरुआत फिल्म ‘विकी डोनर’ से कइली। अभिनेत्री आज अपना दम पऽ इंडस्ट्री में आपन छाप छोड़ले बाड़ी। अब हाल ही में अभिनेत्री यामी गौतम अपना पिता आ फिल्म निर्माता मुकेश गौतम के पहिला राष्ट्रीय फिल्म अवार्ड मिलला पऽ खुशी जतवले बाड़ी आ कहली कि पूरा परिवार के पापा पऽ गर्व बा।

यामी गौतम के पिता के 70वां राष्ट्रीय फिल्म अवार्ड में अपना फिल्म बागी दी धी खातिर सर्वश्रेष्ठ पंजाबी फिल्म अवार्ड मिलल। मंगर के दिने नई दिल्ली के विज्ञान भवन में 70वां राष्ट्रीय फिल्म पुरस्कार समारोह के आयोजन भइल। राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू पुरस्कार विजेता लोग के सम्मानित कइली। यामी इंस्टाग्राम पऽ अपना पापा खातिर एगो भाउक पोस्ट शेयर कइली।

अभिनेत्री ए आयोजन में शामिल ना हो पवली, बाकिर उऽ अपना पिता के इ अवार्ड मिलत देख के खास पल के कैप्चर कऽ के क्लिप के अपना इंस्टाग्राम पऽ पोस्ट कइली। टेलीविजन पऽ एह समारोह के देखत यामी लाइव टेलीकास्ट के तस्वीर साझा कइली। उऽ कहली कि उऽ अपना पिता के मंच पऽ देख के बहुत भाउक हो गइली आ कहली कि उनका अपना पापा पऽ बहुत गर्व बा।

अभिनेत्री लिखली कि, इ बहुत भाउक पल रहे, काहेंकी हमार पापा मुकेश गौतम के उनका फिल्म – बागी दी धी खातिर निर्देशक के रूप में पहिला राष्ट्रीय पुरस्कार मिलल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.