नई दिल्ली। चीन के राष्ट्रपति शी चिनफिंग प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के न्योता पs 12 से 13 सितंबर तक भारत दौरा पs आ रहल बाड़ें। चीन बियफे के एह बात के आधिकारिक एलान कइलस। शी चिनफिंग ब्रिक्स शिखर सम्मेलन में हिस्सा लेवे खातिर भारत आ रहल बाड़ें।
पिछिला सात साल में शी चिनफिंग के ई पहिलका भारत दौरा होई। राजनयिक सूत्रन के माेताबिक, प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ शी चिनफिंग के बीच सनिचर के सांझ द्विपक्षीय बैठक होखे के कार्यक्रम तय बा।
पहिले से तय रहे शी चिनफिंग के भारत दौरा
शी चिनफिंग के भारत दौरा के लेके कुछ दिन से लगातार अनिश्चितता बनल रहे। अब एह संबंध में एगो नया जानकारी सामने आइल बा। चीन के ओर से यात्रा के एलान में देरी भइला के कारण कइयन तरे के अटकलबाजी लगावल जात रहे।
हालांकि, असल में बीजिंग कइयन हफ्ता पहिलही भारत के शी चिनफिंग के दौरा के औपचारिक जानकारी दे देले रहे। चीन 27 अगस्त के बीजिंग इस्थित भारतीय दूतावास से राष्ट्रपति के प्रतिनिधिमंडल खातिर वीजा जारी करे के अनुरोध कइले रहे।
67 सदस्यीय प्रतिनिधिमंडल आई
सूत्रन के मोताबिक, शी चिनफिंग के संगे 67 सदस्यीय सरकारी प्रतिनिधिमंडल भारत आई। एह दल में चीन के कम्युनिस्ट पार्टी ऑफ चाइना (CPC) के पोलित ब्यूरो के स्थायी समिति के सदस्य आ शी चिनफिंग के बेहद करीबी मानल जाये वाला काई ची आ बिदेस मंत्री वांग यी सामिल बाड़ें।
एकरा अलावा एगो अलग बेयपारिक प्रतिनिधिमंडल भारत आई। राष्ट्रपति शी चिनफिंग के ई दौरा करीब 24 घंटा के होई। ऊ सनिचर के दुपहरिया 12:10 बजे भारत पहुंचिहें आ अगिला दिन दुपहरिया 12:20 बजे वापस रवाना हो जइहें।
भारत मंडपम में पीएम मोदी करिहें स्वागत
मिलल जानकारी के मोताबिक, सनिचर के दुपहरिया करीब दू बजे शी चिनफिंग भारत मंडपम पहुंचिहें, जहां प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी उनकर स्वागत करिहें। एकरा बाद दुनो नेता के बीच द्विपक्षीय बैठक होई।
शी चिनफिंग ब्रिक्स के बंद सत्र में शामिल होइहें। एह दौरान प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के ओर से आयोजित रात्रिभोज में ऊ सामिल होइहें। ई रात्रिभोज सांझ 7:30 बजे आयोजित होखे वाला बा।
भारत-चीन संबंध में हो रहल सुधार
ई दौरा अइसन समय में हो रहल बा, जब 2024 में कजान में भइल ब्रिक्स सम्मेलन के बाद भारत आ चीन के संबंधन में सकारात्मक सुधार देखे के मिलल बा। कजान बैठक के बाद पूर्वी लद्दाख में 2020 से चल रहल सैन्य विवाद के समाधान के दिशा में प्रगति भइल आ दुनो देसन के बीच तनाव कम भइल।
एह मुलाकात के दौरान प्रधानमंत्री मोदी बेयपार संतुलन, निष्पक्ष बाजार पहुंच आ सप्लाई चेन के विश्वसनीयता जइसन मुद्दा मजबूती से उठा सकत बाड़ें। एकरा से दुनो देसन के बीच आर्थिक सहजोग के आउर मजबूत करे पs जोर रह सकेला।






