[the_ad_group id="30365"]

BRICS Summit : ब्रिक्स सम्मेलन से पहिले पीएम मोदी के सनेस- कहलें- वैश्विक मुद्दा पs होई सकारात्मक चरचा, जान लीं का बा एजेंडा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कहलें कि अगिला कुछ दिन में दुनिया के कइयन गो देसन के नेता ब्रिक्स शिखर सम्मेलन खातिर नई दिल्ली में जुटी लोग। पीएम मोदी उम्मीद जतवलें कि एह उच्चस्तरीय बैठक में दुनिया के कल्याण के धेयान में राखत अलग-अलग वैश्विक मुद्दा पs सकारात्मक आ सार्थक चरचा होई।

पीएम मोदी सुक के सोशल मीडिया मंच एक्स पs पोस्ट करत ई बात कहलें। एह सनेस के संगे ऊ संस्कृत के एगो श्लोक साझा कइलें-

“सद्भिरेव सहासीत सद्भिः कुर्वीत सङ्गतिम्।
सद्भिर्विवादं मैत्रीं च नासद्भिः किंचिदाचरेत्॥”

एह श्लोक के भाव ई बा कि आदमी के हमेसा अच्छा आ गुणी लोगन के बीच रहे के चाहीं आ ओह लोग के संगति करे के चाहीं। अच्छा लोगन के संगे बातचीत आ दोस्ती के रिश्ता मजबूत रखला से आपसी सद्भाव, शांति आ सहजोग बढ़ेला।

भारत में कब आ कहां होई ब्रिक्स शिखर सम्मेलन?

भारत साल 2026 में ब्रिक्स के अध्यक्षता कs रहल बा। एकरा तहत 18वां ब्रिक्स शिखर सम्मेलन नई दिल्ली में 12 आ 13 सितंबर के आयोजित होई। एह बैठक में ब्रिक्स के सदस्य देसनन के संगे साझेदार देसन के नेता सामिल होई लो।

बिदेस मंत्रालय के मोताबिक, सम्मेलन में ब्रिक्स देसन के बीच सहजोग मजबूत करे से जुड़ल साझा मुद्दन पs विचार-विमर्श होई। एकरा अलावे वैश्विक आ क्षेत्रीय स्तर के कइयन गो महत्वपूर्ण मुद्दन पs चरचा होई, जवना में सब देसन के साझा रुचि बा।

भारत मंडपम में हो रहल बा तइयारी

शिखर सम्मेलन खातिर नई दिल्ली इस्थित भारत मंडपम में तइयारी अंतिम दौर में पहुंच गइल बा। 12 आ 13 सितंबर के दुनिया के अलग-अलग हिस्सा से आइल प्रतिनिधि आ नेता एह उच्चस्तरीय बैठक में सामिल होई लो।

ब्रिक्स शिखर सम्मेलन के आधिकारिक एक्स हैंडल से आयोजन के तइयारी के जानकारी साझा कइल गइल बा। पोस्ट में कहल गइल कि दिल्ली आपन विरासत के चमक आ भारत मंडपम के सानदार तइयारी के संगे शिखर सम्मेलन खातिर तइयार बा।

Read Also: Bank Holidays List : आज से तीन दिन बंद रही बैंक : कवना शहर में बैंक बंद रही आ कहां खुली? इहां जान लीं पूरा जानकारी

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]