[the_ad_group id="30365"]

Bihar Politics : प्रशांत किशोर एह 6 नेता पऽ जतवलें भरोसा, 243 विधानसभा सीट खातिर प्लान तइयार

Prashant kishor
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना। प्रशांत किशोर (Prashant Kishore) के जन सुराज पार्टी 10 से 25 सितंबर तक बिहार के सब 243 विधानसभा क्षेत्रन में “बिहार बदलाव यात्रा” के आयोजन करी। पार्टी के चुनाव अभियान समिति के प्रदेश संयोजक सुधीर शर्मा कार्यक्रम के बारे में जानकारी दिहलें।

उ बतवलें कि एह यात्रा के उद्देश्य जन सुराज के बदलाव के सोच के जनता तक पहुंचावल, संगठन के बूथ स्तर तक मजबूत कइल आ स्थानीय नेता आ कार्यकर्ता के संगे जोड़के पार्टी के व्यापक जनाधार तइयार कइल बा।

सुधीर शर्मा बतवलें कि एह आयोजन खातिर बिहार के सब 243 विधानसभा क्षेत्र के 12 प्रमंडलन में बांटल गइल बा। एह कार्यक्रम के कार्यभार प्रमंडल संयोजक आ सह संयोजक, जिला चुनाव प्रभारी, विधानसभा प्रभारी आउर विधानसभा के संभावित उम्मीदवार अपना-अपना स्तर पs संभारी लोग।

एह कार्यक्रम के सफलता खातिर राज्य स्तर पऽ जवना पदाधिकारी के जिम्मेवारी दिहल गइल, ओमे में चुनाव अभियान समिति के प्रदेश संयोजक सुधीर शर्मा के संगही सह संयोजक उर्मिला कुमारी, सरवर अली, विपिन यादव, प्रीतम सिंह आ नरेश मांझी सामिल बा लोग।

मुस्लिम हितैषी होखे के दिखावा करेला महागठबंधन : जन सुराज

दूसरका ओर, जन सुराज महागठबंधन पऽ मुस्लित हितैषी होखे के दिखावा करे के आरोप लगवललस। जन सुराज पार्टी कार्यालय में आयोजित प्रेस वार्ता में पार्टी के वरिष्ठ नेता पूर्व एमएलसी रामबली चंद्रवंशी, प्रदेश मीडिया प्रभारी ओबैदुर रहमान आ पार्टी प्रवक्ता सोनाली आनंद राजद आउर महागठबंधन नेता पऽ जुबानी हमला कइल लोग।

कहल लोग कि तेजस्वी यादव आज जवन सवाल करत बाड़ें उ सब बेबुनियाद बा, काहेकि उनकर पार्टी लमहर समय तक बिहार में शासन में रहे। पहिले तs उनका जवाब देवे के चाहीं कि जवन मुद्दा उठावत बाड़ें, अपना सरकार के बेरा ऊ ओह मुद्दन पs केतना काम कइलें।

ऊ इहो कहलें कि राजद आ महागठबंधन आजतक मुस्लिम समाज के आबादी के हिसाब से प्रतिनिधित्व ना देजस आ ना समाज के शिक्षा खातिर काम कइलस। खाली मुस्लिम से वोट लेवे के बात करेलें।

Read Also: Congress : ‘देस के उनका बोले के इंतजार’, उपराष्ट्रपति चुनाव के बीच कांग्रेस धनखड़ के चुप्पी पs उठवलें सवाल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]