Delhi : दिल्ली के इंदिरा गांधी इंडोर स्टेडियम में आज प्रदर्शित होई दुनिया के सबसे बड़ जलवायु घड़ी

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 22, 2023

दुनिया के सबसे बड़ जलवायु घड़ी सनीचर के देस के लोगन के जलवायु परिवर्तन के खतरन से निपटे खातिर जागरूक करी। ई घड़ी दुनिया के औसत तापमान में डेढ़ डिग्री के बढ़न्ती में बांचल समय

Share

दुनिया के सबसे बड़ जलवायु घड़ी सनीचर के देस के लोगन के जलवायु परिवर्तन के खतरन से निपटे खातिर जागरूक करी। ई घड़ी दुनिया के औसत तापमान में डेढ़ डिग्री के बढ़न्ती में बांचल समय के बताई। दिल्ली के इंदिरा गांधी इंडोर स्टेडियम में होखे वाला आयोजन में एकरा के प्रदर्शित कइल जाई।

एकरा बाद फाउंडेशन समूचा देस में जलवायु घड़ी के माध्यम से मोहल्लन, चौराहन पs पर्यावरण आ जलवायु परिवर्तन के लेके लोगन के आगाह करी। ई घड़ी बताई कि दुनिया के औसत तापमान 1.5 डिग्री, वार्मिंग मार्क तक पहुंचे में केतना समय बाकी रह गइल बा। एह पहल के तहत पर्यावरण के लेके जागरुकता फइलावे खातिर अटल इनोवेशन मिशन आ एनर्जी स्वराज फाउंडेशन संगे मिलके काम कs रहल बा। एमे पर्यावरण संरक्षण से जुड़ल अउरियो संगठन सामिल होई।

दुनिया के सोझा बड़ खतरा बा ग्लोबल वार्मिंग

ग्लोबल वार्मिंग के समिति करे खातिर पूरा दुनिया काम कs रहल बिया। काहेकि , जदि तापमान बढ़त बा तs पूरा दुनिया के सामने, स्वास्थ, आजीविका, खाद्य सुरक्षा, जल आपूर्ति, मानव सुरक्षा आ आर्थिक विकास के जोखिम बढ़ जाई। एकर असर फसल के पैदावार पs पड़ी, पोषण के गुणवत्ता में कमी आई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.