नवहा लोगन के भागीदारी से मिली भोजपुरी भाषा आ कला के नाया आयाम: राजनंदिनी

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 5, 2024

गंगोत्री देवी महिला डिग्री कॉलेज में भोजपुरी के पहिला कहानी एप यायावरी वाया भोजपुरी के जरिए भोजपुरी चित्रकला के कार्यशाला के आयोजन कइल गइल। एह कार्यशाला के उद्देश्य भोजपुरी भाषा के माध्यम से नहवां लोगन

Share

गंगोत्री देवी महिला डिग्री कॉलेज में भोजपुरी के पहिला कहानी एप यायावरी वाया भोजपुरी के जरिए भोजपुरी चित्रकला के कार्यशाला के आयोजन कइल गइल। एह कार्यशाला के उद्देश्य भोजपुरी भाषा के माध्यम से नहवां लोगन के कौशल विकास कइल बा। एह कार्यशाला के विशेष विशेषज्ञ रहली राज नंदिनी सिंह। एह कार्यशाला के उद्घाटन एह कॉलेज के प्राचार्या डॉ. पूनम शुक्ला, कॉलेज के प्रबंध निदेशक आशुतोष मिश्रा, विषय विशेषज्ञ नंदिनी सिंह, यायावारी वाया भोजपुरी के परियोजना अधिकारी गौरव मणि त्रिपाठी , यायावरी क्लब के हेड श्वेता सुप्रिया आ कोऑर्डिनेटर कामिनी सिंह सरस्वती माता के पुष्पमाला अर्पित कs दीप प्रज्वलन से सुरुआत कइले। साथ ही सम्मान समारोह के काम पूरा कइल गइल।

एह कार्यक्रम के संचालन सुधीर मिश्रा जी कइले । कार्यक्रम के आगे बढ़ावत श्वेता सुप्रिया यायावरी क्लब के बारे में विस्तृत जानकारी दिहली, उs कहली कि ‘युवा लोग के कौशल विकास बढ़ावे खातीर इs क्लब बनावल गईल बा।’

कॉलेज के प्रबंध निदेशक आशुतोष मिश्रा जी लोग के भोजपुरी के ओर डेग बढ़ावे के प्रेरणा देले अवुरी यायावरी क्लब के धन्यवाद देले।

एह कार्यक्रम के अध्यक्षता प्राचार्या डॉ. पूनम शुक्ला जी कइली। उs कहली कि ‘भोजपुरी हमनी के मातृभाषा हs अवुरी हमनी के एs भाषा के संगे आगे बढ़े के बा’।

कार्यक्रम के आगे बढ़ावत विषय विशेषज्ञ नंदिनी आपन पेंटिंग के बारे में जानकारी देली।भोजपुरी पेंटिंग के मूल बात पs चर्चा कइली आ ​​चित्रकला के माध्यम से लइकन के लोक भोजपुरी चित्रकला के बारे में बतवली। कामिनी सिंह के धन्यवाद ज्ञापन से एह कार्यशाला के समापन भइल। आगे उs कहली कि समय के मांग बा की नवहा लोगन के भोजपुरी भाषा के साहित्य आ कला से परिचय करावल जाए । नवहा लोगन के भागीदारिये से भोजपुरी भाषा आ कला के नाया आ बेजोड़ आयाम मिल सकsत बा ।

एह मौका पs गौरव मणि त्रिपाठी, मिनी उपाध्याय, सोनू किशोर आ कॉलेज के सगरी शिक्षक आ जादा संख्या में विद्यार्थी लो मौजूद रहे।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.