Women’s IPL: बीसीसीआई शुरू कइलस महिला आईपीएल के तैयारी, फ्रेंचाइजी खरीदे खातिर इच्छुक पार्टियन से मंगलस अर्जी

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 4, 2023

भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड महिला आईपीएल के तैयारी शुरू कs दिहले बा। बीसीसीआई एह लीग में फ्रेंचाइजी खरीदे अउर उनकर संचालन करे के इच्छुक पार्टियन से अर्जी मंगले बा। एह पार्टियन के अर्जी के बाद

Share

भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड महिला आईपीएल के तैयारी शुरू कs दिहले बा। बीसीसीआई एह लीग में फ्रेंचाइजी खरीदे अउर उनकर संचालन करे के इच्छुक पार्टियन से अर्जी मंगले बा। एह पार्टियन के अर्जी के बाद ही फ्रेंचाइजी के नीलामी कइल जाई। एकरे बाद खिलाड़ियन के नीलामी में फ्रेंचाईजी खिलाड़ियन के खरीदी अउर आपन टीम बनाई, जौन लीग में खेली।

महिला आईपीएल के पहिला सीजन तीन से 26 मार्च के बीच खेलल जा सकsता। एकरे बाद पुरुष खिलाड़ियन के आईपीएल खेलल जाई। बीसीसीआई कहलस ‘भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड महिला इंडियन प्रीमियर लीग में एगो टीम के स्वामित्व अउर संचालन के अधिकार खातिर निविदा आमंत्रण जारी करे के घोषणा करsता।”

बीसीसीआई कहलस “आईपीएल के गवर्निंग काउंसिल एगो निविदा प्रक्रिया के माध्यम से महिला इंडियन प्रीमियर लीग में एगो टीम के स्वामित्व अउर संचालन के अधिकार हासिल करे खातिर संस्था सब से बोली लगावे के नेवता देतिया।”

जौन कंपनी या ग्रुप फ्रेंचाइजी खरीदल चाहsता, ओके 21 जनवरी ले फॉर्म खरीदे के होई। एकर कीमत पांच लाख रुपया होई अउर ई फॉर्म लौटावल नाइ जा सकी। कौनहू इच्छुक पार्टी जौन बोली जमा कइल चाहsतिया, ओकरे खातिर आईटीटी खरीदल जरूरी बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.