[the_ad_group id="30365"]

Womens Asia Cup : महिला एशिया कप 2026 में टीम इंडिया के अंक तालिका में दबदबा बरकरार, जानीं पाकिस्तान सहित बाकी टीमन के ई हाल

Womens Asia Cup 2026 Points Table
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। दुबई में खेलल जा रहल महिला टी20 एशिया कप 2026 के सुरुआत 28 अगस्त से भइल रहे। एक सितंबर तक दुनो ग्रुप के मिलाके कुल पांच मुकाबला खेलल जा चुकल बा। टूर्नामेंट में सामिल सब टीम कम से कम एगो मुकाबला खेल चुकल बाड़ी सs।

ग्रुप-ए के पॉइंट्स टेबल में भारतीय महिला टीम के दबदबा देखे के मिल रहल बा। भारत अपना पहिला मुकाबला में थाईलैंड महिला टीम के 94 रन के बड़ अंतर से हरवले रहे। ओहिजा ग्रुप-बी में डिफेंडिंग चैंपियन श्रीलंका महिला टीम पहिला स्थान पs काबिज बिया। श्रीलंका अपना पहिला मैच में मेजबान यूएई महिला टीम के 9 विकेट से हरवले रहे।

ग्रुप- में भारत टॉप पs, पाकिस्तान जीत के बादो दूसरका स्थान पs

महिला टी20 एशिया कप 2026 के ग्रुप-ए पॉइंट्स टेबल में भारतीय महिला टीम एगो मैच खेल के 2 अंक के संगे पहिला स्थान पs बिया। भारत के नेट रनरेट 4.700 बा। दूसरका नंबर पs पाकिस्तान महिला टीम बिया। पाकिस्तान अपना पहिला मुकाबला में थाईलैंड महिला टीम के 35 रन से हरवले रहे। पाकिस्तान के 2 अंक बा आ ओकर नेट रनरेट 1.750 बा।

ग्रुप-ए में तीसरा स्थान थाईलैंड महिला टीम के बा। थाईलैंड अभी तक तीनो मुकाबला खेल चुकल बा, जवना में एगो मैच में जीत आ दूगो मैच में हार मिलल बा। ओकर 2 अंक बा, जबकि नेट रनरेट -2.050 बा।

ग्रुप-ए में हांगकांग चाइना के टीम आखिरी स्थान पs बिया। हांगकांग एगो मुकाबला खेलले बिया आ ओकरा में हार के सामना करे के पड़ल बा। टीम के नेट रनरेट -0.300 बा।

श्रीलंका महिला टीम ग्रुपबी में टॉप पs

ग्रुप-बी के पॉइंट्स टेबल में डिफेंडिंग चैंपियन श्रीलंका महिला टीम पहिला स्थान पs काबिज बिया। श्रीलंका एक मैच खेलके सानदार जीत हासिल कइले बिया। टीम के 2 अंक बा आ नेट रनरेट 6.263 बा।

ओहिजा, ग्रुप-बी में बांग्लादेश महिला टीम दूसरा स्थान पs बिया। बांग्लादेश अभी तक एगो मुकाबला खेलले बिया आ ओमे जीत हासिल कइले बिया। टीम के नेट रनरेट 3.550 बा।

तीसरा स्थान इंडोनेशिया महिला टीम के बा, जवना के आपन पहिला मुकाबला में हार के सामना करे के पड़ल बा।

ग्रुप-बी में यूएई के टीम आखिरी स्थान पs बिया। यूएई एगो मुकाबला खेलले बिया आ ओकरा में हार के सामना करे के पड़ल बा। टीम के नेट रनरेट -6.263 बा।

Read Also: Ram Temple CEO : राम मंदिर के आज मिल सकेला पहिला सीईओ, ट्रस्ट के बैठक में होई कइयन गो बड़ फैसला, रेस में यूपी के तीन गो पूर्व अफसर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]