अयोध्या। रामजन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट के बहुप्रतीक्षित बैठक बुध के सांझ चार बजे से मणिरामदास जी के छावनी में होखे वाला बा। बैठक में राम मंदिर के मुख्य कार्यपालक अधिकारी (सीईओ) के चयन पs अंतिम फैसला हो सकेला।
करीब दू महीना तक चलल चयन प्रक्रिया के बाद चयन समिति तीन गो अभ्यर्थियन के पैनल तइयार कइले बिया। समिति मंगर के ई पैनल ट्रस्ट के सउप देले बिया।
एकरा से अब सब केहू के नजर ट्रस्ट के फैसला पs टिकल बा। बैठक में चढ़ावा चोरी के ममिला के जांच के समीक्षा होई। ट्रस्ट के ओर से जारी एजेंडा के मोताबिक, बैठक में ट्रस्ट के विलेख में संशोधन पs चरचा हो सकेला।
ट्रस्ट के कइयन गो सदस्य अयोध्या पहुंचल लो
बैठक में सामिल होखे खातिर ट्रस्ट के कोषाध्यक्ष स्वामी गोविंददेव गिरि, सदस्य शंकराचार्य स्वामी वासुदेवानंद आ सदस्य युगपुरुष स्वामी परमानंद मंगर के अयोध्या पहुंच गइल रहे लो।
ओहिजा, ट्रस्ट के अध्यक्ष महंत नृत्यगोपालदास, अंतरिम महासचिव कृष्णमोहन, सदस्य महंत दिनेंद्रदास आ पदेन सदस्य जिलाधिकारी शशांक त्रिपाठी पहिले से अयोध्या में मवजूद बा लो।
ऑनलाइन जुड़ सकेलें ट्रस्ट के कइयन गो सदस्य
मानल जा रहल बा कि ट्रस्ट के सदस्य के. परासरन, प्रदेश के गृह सचिव संजय प्रसाद, सीबीएसई के चेयरपर्सन आ ट्रस्ट में केंद्र सरकार के प्रतिनिधि प्रशांत लोखंडे आ मंदिर निर्माण समिति के अध्यक्ष नृपेंद्र मिश्र बैठक में ऑनलाइन जुड़ सकेलें।
बैठक में राम मंदिर के प्रशासनिक बेवस्था से जुड़ल कइयन गो अहम मुद्दन पs फैसला होखे के उम्मीद बा। सबसे खास नजर पहिला मुख्य कार्यपालक अधिकारी (सीईओ) के चयन पs बा।






