[the_ad_group id="30365"]

लाइफस्टाइल: केला खाई दूर भगाईं इs 5 गो बेमारी , सेहत के होई फायदा पs फायदा

केला के फायदा
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मौसम बदलत बा। अब सेहत के विशेष ख्याल रखला के आवश्यकता बा। अइसन में खानपान के रोल बढ़ जाला। अइसन चीजन के जादे सेवन करे के चाहीं जवन बॉडी के हाइड्रेटेड रखे आ रउआ के हेल्दी फलन के सेवन कइल जाला। जदि रउओ एह मौसम में खुद के हेल्दी रखल चाहत बानी तs रोज के डाइट मे केला (Banana Benefits in summer) के सामिल कs लीं। ई सेहत (Health) के गजब के फायदा पहुंचावेला। स्किन पs तs ई कमाल के असर देखावेला। जदि राउर खानपान में केला सामिल बा तs रउआ ऊर्जा से भरपूर रहब.

एनर्जी के पॉवर हाउस हs केला


केला एनर्जी के पावरहाउस हs। ई कार्बोहाइड्रेट के सानदार सोर्स हs। जदि रउआ केला खात बानी तs राउर बॉडी के इंस्टेंट एनर्जी मिलेला। एकरा के खइला से रउआ दिनभर ऊर्जा से भरल रहेनी। सबेरे ऑफिस भा कॉलेज जात घरी केला खइला से दिनभर रउआ दिनभर एनर्जेटिक बनल रहेनी।

इहो पढ़ीं: Lifestyle: नींबू से दांत कइसे साफ करीं? सफेद आ चमकदार दांत खातीर अपनाई इs असरदार तरीका

स्ट्रेस भगाईं, करीं टेंशन फ्री


स्ट्रेस में केला बहुते फायदेमंद होला। एमे ट्रिप्टोफैन नाम के तत्व पावल जाला। ई देह में सेरोटोनिन बनावे के काम करेला। स्ट्रेस के कम करे में सेरोटोनिन बहुते काम आवेला। माने जदि रउआ केला खानी हैं तs स्ट्रेस रउआ लगे फटकबो ना करेला।

दिल के राखेला दुरुस्त


हार्ट के समस्यन से बचल चाहत बानी तs हर दिन केला के सेवन करीं। एमे पोटैशियम के मात्रा भरपूर पावल जाला। ई हार्ट के सही तरीका से काम करे में हेल्प करेला। केला में विटामिन बी 6 के प्रचुरता होला। ई हार्ट खातिर फायदेमंद होला।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ गणेश जी के उs मंदिर जवन रामायण काल ​​आ द्वापर युग में भी रहे मौजूद ‘रणथंभौर गणेश मंदिर’

चेहरा चमकदार बनाईं


जदि रउआ स्किन से जुड़ल समस्यन से जूझ रहल बानी तs केला बहुते फायदेमंद होला। ई राउर स्किन के समस्या से छुटकारा दिला सकत बा। केला खइला से चेहरा चमकदार बनेला आ स्किन खिलल-खिलल बनेला।

डाइजेशन के समस्या के करी दूर


केला खइला से पाचन के समस्या दूर हो सकत बा। जदि रउआ कब्ज, एसिडिटी आ अपच जइसन समस्यन से जूझ रहल बानी तs केला खाइल फायदेमंद हो सकत बा।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: बइठले – बइठले करीं ई एक्सरसाइज Memory Sharp करे खातीर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]