महाराष्ट्र: वट पूर्णिमा के दिन पति के कुल्हाड़ी से उतरलस मउत के घाट, बियाह के 20 दिन बाद ले लिहलस जान

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 12, 2025

महाराष्ट्र के सांगली जिला के कुपवाड कस्बा में अपना 50 बरीस के पति के हत्या के आरोप में एगो शादीशुदा औरत के गिरफ्तार कs लिहल गइल बा. आरोपी राधिका लोखंडे के बियाह अबे तीन हफ्ता

Share

महाराष्ट्र के सांगली जिला के कुपवाड कस्बा में अपना 50 बरीस के पति के हत्या के आरोप में एगो शादीशुदा औरत के गिरफ्तार कs लिहल गइल बा. आरोपी राधिका लोखंडे के बियाह अबे तीन हफ्ता पहिले अनिल लोखंडे से भईल रहे। अनिल के बियाह 23 मई के सातारा से राधिका से भईल रहे।

कुल्हाड़ी से पति पs कइलस वार

एमआईडीसी थाना सांगली के सहायक पुलिस निरीक्षक दीपक भंडवलकर बतवले कि मंगल के रात में दुनो लोग के बीच झगड़ा भईल। सबेरे साढ़े बारह बजे के करीब जब अनिल के नींद आ गईल तs राधिका उनुका माथा पs कुल्हाड़ी से मार देलस अवुरी उनुकर मौका पs मउत हो गईल। एकरा बाद उs अपना चचेरा भाई के एकरा बारे में जानकारी देलस.

अनिल लोखंडे दूसरा बेर बियाह कs लेले रहले

बुध के राधिका के गिरफ्तार कs अदालत में पेश कईल गईल, जहां से उनुका के दु दिन के पुलिस हिरासत में भेज दिहल गईल। पुलिस के मुताबिक हत्या के प्राथमिक कारण पारिवारिक झगड़ा बतावल जाता।

पुलिस के दावा बा कि बुधवार के सबेरे करीब 12:30 बजे 27 साल के महिला अपना पति अनिल लोखंडे प हमला क देलस। पुलिस अधिकारी बतवले कि इs जोड़ी संगली जिला के कुपवाड तहसील के निवासी हवे अवुरी लोखंडे के इs दूसरा बियाह रहे, काहेंकी उनुकर पहिला पत्नी के गर्भाशय ग्रीवा के कैंसर से मउत हो गईल रहे।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रात में सुते से पहिले त्वचा पs लगाई इs चीज, लौट आई निखार

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.