के हs मनजिंदर सिंह सिरसा जे बनीं दिल्ली सरकार में मंत्री?

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 20, 2025

दिल्ली विधानसभा में बहुमत से जीत हासिल कइला के बाद काल्हु भाजपा आपन मुख्यमंत्री घोषित कs दिहलस.  काल्हु साँझ विधायिका पार्टी के बइठक के बाद भाजपा सर्वसम्मति से रेखा गुप्ता के दिल्ली के नयका मुख्यमंत्री

Share

मनजिंदर सिंह

दिल्ली विधानसभा में बहुमत से जीत हासिल कइला के बाद काल्हु भाजपा आपन मुख्यमंत्री घोषित कs दिहलस.  काल्हु साँझ विधायिका पार्टी के बइठक के बाद भाजपा सर्वसम्मति से रेखा गुप्ता के दिल्ली के नयका मुख्यमंत्री घोषित कs दिहलस. एकरा बाद अब रेखा गुप्ता आज सबेरे 11 बजे रामलीला मैदान में 6 मंत्री के संगे शपथ लेवे जा रहल बाड़ी।  रेखा मंत्रिमंडल के मंत्रियन में मनजिंदर सिंह सिरसा के एगो नाम भी शामिल बा। 

मनजिंदर सिंह सिरसा के हवें?

दिल्ली विधानसभा चुनाव में मनजिंदर सिंह सिरसा पहिला बेर राजौरी गार्डन विधानसभा से जीत हासिल कइले बाड़न.  हालांकि उs अकाली दल के टिकट पs दु बेर विधायक चुनाव भी जीत चुकल बाड़े। उs 2013 अवुरी 2017 में दिल्ली सिख गुरुद्वारा मैनेजमेंट कमेटी के अध्यक्ष के रूप में भी काम कईले बाड़े।  मनजिंदर सिंह सिरसा अकाली दल छोड़ के साल 2021 में भाजपा में शामिल हो गईले।  एकरा अलावे सिरसा 2023 से भाजपा के राष्ट्रीय सचिव के रूप में काम करतारे।  हालही में भइल दिल्ली विधानसभा चुनाव में मनजिंदर सिंह सिरसा आप के बइठल विधायक धनवती चंदेला के 18190 वोट के अंतर से हरा दिहलन. अगर संपत्ति के बात करीं तs चुनावी हलफनामा के मुताबिक उनुकर कुल संपत्ति 248.9 करोड़ रुपया बा। साथे उs खाली बारहवीं ले पढ़ले बाड़े।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के रोशनी दुरुस्त रखे खातीर रोज करीं इs 10 गो योगासन

सिरसा दिल्ली में भाजपा के मुख्य सिख चेहरा भी हs।  मोदी जब भी गुरुद्वारा आवेले तs अक्सर सिरसा के संगे उनुका संगे देखाई देतारे।  चूंकि किसान आंदोलन के बाद पंजाब में भाजपा के जमीन हिल गईल बा, एहसे भाजपा पंजाब के आवे वाला चुनाव के ध्यान में राखत मनजिंदर सिंह सिरसा पs दांव लगावतिया।  भाजपा के लागत बा कि सिरसा के माध्यम से ऊ पंजाब के 2027 के चुनाव में सिख मतदाता के आकर्षित कs सकेले. 

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ जानीं माता के सबसे प्राचीन ‘मुंडेश्वरी मंदिर’, जहवां मौजूद बा पंचमुखी शिवलिंग जवना के हर तीन दिन पs बदलत रहेला रंग

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.