[the_ad_group id="30365"]

Commonwealth Games 2026 : के हs 43 साल के असम के खिलाड़ी पुतुल सोनोवाल? जे वर्ल्ड चैंपियन रयान बेस्टर के हराके कइले बड़ उलटफेर

Putul Sonowal celebrates after defeating world champion Ryan Bester in Lawn Bowls at the Commonwealth Games 2026
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। कॉमनवेल्थ गेम्स 2026 में भारत खातिर एगो ऐतिहासिक जीत सामने आइल बा। असम के 43 साल के लॉन बॉल्स खिलाड़ी पुतुल सोनोवाल आपन पहिलके कॉमनवेल्थ गेम्स मुकाबला में मवजूदा वर्ल्ड आउटडोर चैंपियन कनाडा के रयान बेस्टर के हराके बड़ उलटफेर कइले बाड़ें। एह सानदार जीत के बाद पुतुल अगिला दौर में पहुंच गइल बाड़ें आ पूरा खेल जगत के धेयान अपना ओर खींच लेले बाड़ें।

सेक्शन D के मुकाबला में पुतुल सोनोवाल सानदार सुरुआत करत पहिला सेट 5-4 से जीत लेलें। हालांकि, कनाडा के दिग्गज खिलाड़ी रयान बेस्टर दूसरका सेट 7-3 से जीतके मुकाबला के टाई-ब्रेकर तक पहुंचा देलें।

निर्णायक टाई-ब्रेकर में पुतुल जबरदस्त धैर्य आ सानदार खेल देखवलें आ मुकाबला अपना नामे करत इतिहास रच देलें। अब अगिला दौर में उनकर मुकाबला फॉकलैंड आइलैंड्स के सेसिल अलेक्जेंडर से होई।

काहे खास बा ई जीत?

रयान बेस्टर लॉन बॉल्स के सबसे सफल खिलाड़ियन में गिनल जालें। ऊ मवजूदा वर्ल्ड आउटडोर चैंपियन बाड़ें आ उनकर नाम वर्ल्ड आउटडोर चैंपियनशिप में 7 पदक दर्ज बा। एकरा अलावे साल 2023 में पेरिस में सिंगल्स स्पर्धा में गोल्ड आ ब्रॉन्ज मेडल जीत चुकल बाड़ें। कॉमनवेल्थ गेम्स में ऊ 2006 में ब्रॉन्ज आ 2014 आ 2018 में सिल्वर मेडल जीतले रहलें। साल 2025 में उनकर नाम वर्ल्ड बॉल्स हॉल ऑफ फेम में सामिल कइल गइल रहे।

के हs पुतुल सोनोवाल?

पुतुल सोनोवाल असम के निवासी बाड़ें आ असम पुलिस के प्रतिनिधित्व करेलें। 43 साल के उमिर में ऊ पहिला बेर कॉमनवेल्थ गेम्स में हिस्सा लेले बाड़ें।

एही साल एशियन लॉन बॉल्स चैंपियनशिप 2026 में ऊ गोल्ड मेडल जीतके आपन दमखम साबित कइले रहलें। राष्ट्रीय स्तर पs उनका नामे पुरुष ट्रिपल्स में गोल्ड आ एकल वर्ग में ब्रॉन्ज मेडल दर्ज बा। लगातार मेहनत के बदौलत अब ऊ अंतरराष्ट्रीय मंच पs भारत के नाम रोशन कइले बाड़ें।

भारतीय खेल प्राधिकरण पुतुल के ऐतिहासिक जीत पs बधाई देत कहलस कि ई लॉन बॉल्स में भारत के अब तक के सबसे बड़ जीत में से एगो बा।

महिला जोड़ी जीतल मुकाबला

लॉन बॉल्स में भारत के महिला टीम सानदार प्रदर्शन कइलस। रूपा रानी तिर्की आ पिंकी सिंह के भारतीय जोड़ी माल्टा के रेबेका लुईस रिक्सन आ कॉनी-ले रिक्सन के रोमांचक टाई-ब्रेकर में हराके अगिला दौर में पहुंच गइल।

भारतीय जोड़ी पहिला सेट 7-1 से जीतल, जबकि माल्टा दूसरा सेट 4-3 से जीतके मुकाबला टाई-ब्रेकर तक ले गइल। निर्णायक दौर में रूपा आ पिंकी दबाव के बीच सानदार खेल देखावत मैच जीत लेलस। अब भारतीय महिला टीम के अगिला मुकाबला साउथ अफ्रीका से होई।

पुतुल सोनोवाल आ भारतीय महिला जोड़ी के जीत से कॉमनवेल्थ गेम्स 2026 में भारत के लॉन बॉल्स अभियान दमदार सुरुआत कइले बिया। अब खेल प्रेमियन के उम्मेद बा कि भारतीय खिलाड़ी आगे के मुकाबलन में सानदार प्रदर्शन करत देस खातिर आउर पदक जीती लो।

Read Also: Sonam Wangchuk : सोनम वांगचुक के अनशन खतम भइल, 26 दिन बाद सरकार से तीन मांग पs बनल सहमति, लिखित भरोसा मिलल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]