नई दिल्ली। सामाजिक कार्यकर्ता सोनम वांगचुक 26 दिन तक चलल अनशन के बाद आपन आंदोलन खतम करे के एलान कइले बाड़ें। ऊ बतवलें कि केंद्र सरकार उनकर तीन प्रमुख मांगन पs लिखित आश्वासन देले बिया। एह सहमति के बाद ऊ अनशन समाप्त करे के फैसला लेलें। वांगचुक के मोताबिक, केंद्रीय मंत्री जेपी नड्डा आ डॉ. जितेंद्र सिंह से भइल बातचीत के बाद ई सहमति बनल।
सोनम वांगचुक सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स (X) पs वीडियो सनेस जारी कs के कहलें कि सरकार से सकारात्मक बातचीत भइल बा। सरकार लिखित रूप से तीन अहम मांग मान लेले बिया, जवना के बाद अनशन जारी रखे के जरूरत ना रहे।
प्रदर्शनकारी छात्रन पs ना होई कार्रवाई
वांगचुक बतवलें कि सरकार लिखित भरोसा देले बिया कि जंतर-मंतर पs शांतिपूर्ण प्रदर्शन करे वाला छात्र-जुवा आ 20 जुलाई के ‘संसद चलो’ मार्च में सामिल लोगन पs कवनो एफआईआर, कानूनी कार्रवाई भा दंडात्मक डेग ना उठावल जाई। एह फैसला से आंदोलन में सामिल हजारन छात्रन के राहत मिलल बा।
मृत छात्रन के परिवार के मुआवजा मिली
वांगचुक के अनुसार, कथित नीट पेपर लीक ममिला से जुड़ल 20 से जादे छात्रन के मौत भइल। सरकार एह छात्रन के परिवार के उचित मुआवजा देवे पs लिखित सहमति देले बिया। ई मांग आंदोलन के प्रमुख मुद्दा में सामिल रहे।
संसद में शिक्षा आ परीक्षा बेवस्था पs होई चरचा
सरकार लिखित रूप से ईहो भरोसा देले बिया कि संसद में शिक्षा बेवस्था, परीक्षा प्रणाली आ जवाबदेही पs विस्तृत चरचा करावल जाई। उद्देश्य ई बा कि भविष्य में पेपर लीक जइसन घटना के दोहराव ना होखे आ जिम्मेदार लोगन पs कार्रवाई सुनिश्चित हो सके।
धर्मेंद्र प्रधान के इस्तीफा पs ना बनल बात
सोनम वांगचुक कहलें कि केंद्रीय शिक्षा मंत्री धर्मेंद्र प्रधान के इस्तीफा के मांग पs सरकार कवनो लिखित आश्वासन ना देलस। हालांकि, उनकर कहनाम बा कि आंदोलन के सबसे जरूरी तीन मांगन पs सहमति मिल गइल, एकरा बाद से ऊ अनशन समाप्त करे के फैसला कइले बाड़ें।
आंदोलन के अगिला दिशा पs नजर
26 दिन तक चलल एह आंदोलन के बाद अब नजर सरकार के वादा पूरा कइला पs टिकल बा। जदि लिखित आश्वासन के अनुसार कार्रवाई होला, तs शिक्षा बेवस्था में पारदर्शिता आ परीक्षा प्रणाली में सुधार के दिशा में ई एगो महत्वपूर्ण डेग मानल जा सकेला।
Read Also: 24 जुलाई 2026 के राशिफल









