टेक्नोलॉजी डेस्क। मेटा अब अपना नया सब्सक्रिप्शन प्लान WhatsApp पs ले आवे के तइयारी में बा। कंपनी पिछिला महीना Facebook, Instagram आ WhatsApp खातिर सब्सक्रिप्शन प्लान के घोषणा कइले रहे। अब खबर बा कि WhatsApp एंड्रॉयड ऐप में Meta One सब्सक्रिप्शन के सपोर्ट जोड़ल जा रहल बा।
एह नया सुविधा के मदद से यूजर एके सब्सक्रिप्शन के माध्यम से मेटा के अलग-अलग ऐप पs प्रीमियम फीचर के इस्तेमाल कs सकिहें। कहल जा रहल बा कि यूजर सीधे WhatsApp ऐप के भीतरे से Meta One प्लान के एक्सेस आ मैनेज कs पाई।
मेटा अपना Meta One सर्विस के तहत दूगो सब्सक्रिप्शन प्लान लॉन्च कs सकेला, जवना में Meta One Plus आ Meta One Premium सामिल बा।
Meta One Plus आ Meta One Premium के संभावित कीमत
रिपोर्ट के मोताबिक, WhatsApp के एंड्रॉयड बीटा वर्जन 2.26.23.10 में Meta One सब्सक्रिप्शन प्लान के संकेत मिलल बा। फीचर ट्रैकर WABetaInfo के अनुसार, कंपनी ई प्लान यूजर के सीधा WhatsApp से उपलब्ध करावे के तइयारी में बा।
Meta One Plus के कीमत करीब 6.99 यूरो (लगभग 700 रुपिया प्रति महीना) हो सकेला। एह प्लान में WhatsApp Plus के सुविधा के संगे एडवांस इमेज आ वीडियो क्रिएशन टूल मिल सकेला। ओहिजा, Meta One Premium के कीमत करीब 20.99 यूरो (लगभग 2200 रुपिया प्रति महीना) बतावल जा रहल बा। एह प्लान में एक महीना के फ्री ट्रायल मिल सकेला।
Meta One Premium में मिल सकेला एडवांस AI फीचर
Meta One Premium प्लान में Meta One Plus के सब सुविधा के अलावा एडवांस AI रीजनिंग, जादे इमेज आ वीडियो जनरेशन लिमिट आ हाई AI यूज लिमिट मिल सकेला।
दूनो प्लान में WhatsApp Plus के सुविधा सामिल होखे के संभावना बा। WhatsApp Plus यूजर के नया ऐप थीम, कस्टम रिंगटोन, जादे चैट पिन करे के सुविधा, चैट लिस्ट कस्टमाइजेशन आ प्रीमियम स्टिकर जइसन फीचर दे सकेला।
चुनिंदा यूजर खातिर हो सकेला उपलब्ध
बतावल जा रहल बा कि मेटा पिछिला महीना Facebook Plus, Instagram Plus आ WhatsApp Plus के रोलआउट के घोषणा कइले रहे। ई प्लान फिलहाल कुछ चुनिंदा यूजर खातिर उपलब्ध बा।
मेटा के लक्ष्य बा कि पेड सब्सक्रिप्शन के माध्यम से यूजर के एक्सक्लूसिव फीचर आ एडवांस AI सुविधा दिहल जाई। हालांकि कंपनी अभी तक Meta One Plus आ Meta One Premium के लॉन्च डेट आ आधिकारिक कीमत के पुष्टि नइखे कइले।
Read Also: 14 जून 2026 के राशिफल








