“का हो, कइसन बाड़ऽ…?” सीएम योगी जब बाघ के हाल चाल के बारे में पूछले तऽ बब्बर शेर भी दहाड़ के सलामी देलखऽ

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 3, 2024

एतवार के सीएम योगी गोरखपुर में स्थित चिड़ियाघर के दौरा कइले। एह दौरान बाड़े में मौजूद बाघ के देखले। ऊ बाघ से पूछले, ‘कइसन बाड़ऽ…?’ एह दौरान बाघ दहाड़त रहे । गोरखपुर : उत्तर प्रदेश

Share

एतवार के सीएम योगी गोरखपुर में स्थित चिड़ियाघर के दौरा कइले। एह दौरान बाड़े में मौजूद बाघ के देखले। ऊ बाघ से पूछले, ‘कइसन बाड़ऽ…?’ एह दौरान बाघ दहाड़त रहे ।

गोरखपुर : उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के जानवर-पक्षी से केतना प्यार बा, ई हमेशा देखाई देवेला। सीएम योगी के कबो गोशाला में गाय के चारा देत तऽ कबो बंदर के केला खियावत देखल जाला। सीएम योगी के एगो तस्वीर भी खूब शेयर कइल जाला, जवना में सीएम योगी एगो कुर्सी पऽ बईठ के कुछ कागज प हस्ताक्षर करतारे आ उनका गोदी में एगो बंदर बईठल बा। एकरा अलावे लोग सीएम योगी के एगो अउरी तस्वीर शेयर करतारे, जवना में ऊ बाघ के बच्चा के दूध पियावत देखाई देतारे। एह सीरीज में सीएम योगी के एगो अउरी वीडियो सामने आइल बा जवना में ऊ बाघ से बतियावत लउकत बाड़न ।

एतवार के सीएम योगी गोरखपुर में स्थित चिड़ियाघर के दौरा कइले। एह दौरान बाड़े में मौजूद बाघ के देखले। ऊ बाघ से पूछले कि कइसन बाड़ऽ? एकरा अलावे ऊ चिड़ियाघर में पांच साल के शेर भरत आ सात साल के शेरनी गौरी के भी देखले, जवन कि करीब एक सप्ताह पहिले इटावा शेर सफारी से ले आवल गईल रहे।

सीएम योगी के देख के बाघ (रॉयल बंगाल टाइगर) अमर एक गोड़ उठा के दहाड़ उठल। सीएम साहब ओकरा दहाड़ पर हँस के कहले, “का हो , कइसन बाड़ऽ”? बब्बर शेर पटौदी भी दहाड़ के अपना बाड़ी के सामनवा सीएम के सलामी देलख। एकरा अलावे सीएम योगी आदित्यनाथ चिड़ियाघर में मौजूद गैंडा के केला खियवलन।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.