West Bengal : टीएमसी नेता जहांगीर खान के STF भारत-नेपाल सीमा से पकड़लस, जबरन वसूली के आरोप में गिरफ्तारी

TMC Leader Jahangir Khan Arrested Near India-Nepal Border in Extortion Case

Share

कोलकाता। पश्चिम बंगाल के फलता विधानसभा सीट से तृणमूल कांग्रेस (TMC) के उम्मीदवार रहल नेता जहांगीर खान के राज्य पुलिस के स्पेशल टास्क फोर्स (STF) गिरफ्तार कs लेले बिया। जानकारी के मोताबिक, चुनावी हिंसा के आरोपी जहांगीर खान बहुत दिन से फरार चलत रहलें आ मतदान के दौरान पुलिस के खुला चुनौती देके चरचा में आ गइल रहलें। पुलिस के अनुसार, उत्तर बंगाल में भारत-नेपाल सीमा के नजदीक से उनकरा के जबरन वसूली (Extortion) के आरोप में गिरफ्तार कइल गइल बा।

दर्ज बा सात गो एफआईआर

पुलिस बतवलस कि तृणमूल कांग्रेस नेता जहांगीर खान के सोमार के दिन उत्तर बंगाल में भारत-नेपाल सीमा क्षेत्र से गिरफ्तार कइल गइल। एकरा पहिले कलकता हाईकोर्ट 26 मई के उनकरा के मिलल अंतरिम सुरक्षा (Interim Protection) रद्द कs देले रहे। जहांगीर खान के खिलाफ 24 दक्षिण परगना जिला के फलता थाना में कुल सात गो एफआईआर दर्ज बा। एगो पुलिस अधिकारी बतवलें कि जहांगीर खान के उत्तर बंगाल के भारत-नेपाल सीमा क्षेत्र से गिरफ्तार कइल गइल बा। हालांकि पुलिस गिरफ्तारी के बारे में जादे जानकारी सार्वजनिक नइखे कइले।

मतदान के दौरान नियम तोड़े के आरोप

पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव के दौरान फलता क्षेत्र में हिंसा आ चुनावी नियम के उल्लंघन के आरोप लगला के बाद मतदान रोक दिहल गइल रहे। चुनाव के समय जहांगीर खान चुनाव आयोग के ओर से नियुक्त पुलिस अधिकारी के चुनौती देत कहलें, “पुष्पा झुकेगा नहीं।” एह बयान के बाद ऊ बहुते चरचा में आ गइल रहलें।

वापस लेले रहलें नामांकन

फलता विधानसभा सीट पs 21 मई के फेर से मतदान करावल गइल रहे। हालांकि मतदान से पहिले जहांगीर खान आपन नामांकन वापस ले लेले रहलें। बाकिर उनकरा तरफ से ई साफ नइखे बतावल गइल कि एह फैसला के पीछे अभिषेक बनर्जी भा तृणमूल कांग्रेस के शीर्ष नेतृत्व के कवनो निरदेस रहे कि ना। बाद में तृणमूल कांग्रेस साफ कइलस कि नामांकन वापस लेवे के फैसला जहांगीर खान के निजी निर्णय रहे, पार्टी के निरदेस ना।

Read Also: 8 जून के लॉन्च होई Infinix Smart 20, कीमत 10 हजार रुपिया से कम होखे के संभावना

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-