[the_ad_group id="30365"]

8 जून के लॉन्च होई Infinix Smart 20, कीमत 10 हजार रुपिया से कम होखे के संभावना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टेक डेस्क। स्मार्टफोन निर्माता कंपनी Infinix 8 जून के आपन नया बजट स्मार्टफोन Infinix Smart 20 लॉन्च करे जा रहल बिया। कंपनी फोन के लॉन्च डेट के आधिकारिक रूप से पुष्टि कs देले बिया। रिपोर्ट के मोताबिक, एह फोन के कीमत 10 हजार रुपिया से कम हो सकेला। लॉन्च से पहिले ई स्मार्टफोन ई-कॉमर्स वेबसाइट फ्लिपकार्ट पs लिस्ट हो चुकल बा, जहां एकर कइयन गो फीचर के जानकारी सामने आ गइल बा।

8 जून के फ्लिपकार्ट पs होई लॉन्च

Infinix Smart 20 के लॉन्च 8 जून के दुपहरिया 12 बजे फ्लिपकार्ट पs कइल जाई। फोन चार रंग विकल्प- क्लाउडलाइन ब्लू, पोलारिस टाइटेनियम, शैडो ब्लैक आ सनलाइक ऑरेंज में उपलब्ध हो सकेला।

लिस्टिंग के अनुसार, फोन के पिछिला हिस्सा में डुअल कैमरा सेटअप आ LED फ्लैश लाइट मिल सकेला।

मिल सकेला दमदार फीचर

माइक्रोसाइट पs दिहल जानकारी के अनुसार, फोन में पंच-होल डिजाइन वाला डिस्प्ले मिली। एकर बैक पैनल पs 3D टेक्सचर डिजाइन देखे के मिली। फोन के मोटाई महज 7.7mm हो सकेला।

प्रोसेसर के बात कइल जावs तs एमे MediaTek Helio G81 चिपसेट दिहल जा सकेला। फोन में 4GB रैम आ माइक्रोएसडी कार्ड के मदद से 2TB तक स्टोरेज बढ़ावे के सुविधा मिल सकेला।

120Hz डिस्प्ले आ 5200mAh बैटरी

Infinix Smart 20 में 6.78 इंच के बड़ डिस्प्ले मिल सकेला, जवन 120Hz रिफ्रेश रेट सपोर्ट करी। फोन में 5200mAh के दमदार बैटरी दिहल जा सकेला, जवना में 15W वायर्ड चार्जिंग आ 5W रिवर्स चार्जिंग के सुविधा मिली।

एह स्मार्टफोन में IP64 रेटिंग मिल सकेला, जवन एकरा के धूल-मिट्टी आ हल्का पानी से सुरक्षित रखी।

Infinix Smart 10 के अपग्रेड होई नया फोन

ई स्मार्टफोन पिछिला साल लॉन्च भइल Infinix Smart 10 के अपग्रेडेड वर्जन होई। Smart 10 के भारत में 6,799 रुपिया के सुरुआती कीमत पs लॉन्च कइल गइल रहे। एह फोन में 4GB रैम, 64GB स्टोरेज, 6.67 इंच HD+ डिस्प्ले, Unisoc T7250 प्रोसेसर आ 5000mAh बैटरी दिहल गइल रहे।

Read Also: Women’s T20 World Cup : अब तक ऑस्ट्रेलिया के दबदबा बरकरार, बाकिर का भारत बा पहिला खिताब खातिर तइयार?

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]