West Bengal Election : बंगाल में वोटिंग के बीच हिंसा, नदिया में बीजेपी एजेंट पs हमला, हावड़ा में ईवीएम खराबी के लेके झड़प

West Bengal Election Violence EVM Malfunction

Share

नई दिल्ली। पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव के दूसरका चरण के वोटिंग के दौरान कइयन जगह से हिंसा आ तोड़फोड़ के खबर सामने आइल बा। पुलिस के मोताबिक, चापड़ा, शांतिपुर, निमतला आ भांगर जइसन इलाकन में घटना भइल बा।

नदिया जिला के चापड़ा में बूथ नंबर 53 पs बीजेपी के एगो पोलिंग एजेंट के संगे मारपीट कइल गइल। पार्टी नेता लोग आरोप लगावल कि हमला करे वाला लोग सत्ताधारी टीएमसी से जुड़ल रहे। एह घटना के बाद कुछ इलाका में तनाव के माहौल बन गइल बा।

हावड़ा में हंगामा, EVM खराबी से देरी

हावड़ा में एगो मतदान केंद्र के बाहर हंगामा देखे के मिलल। बतावल जा रहल बा कि EVM मशीन खराब होखला के कारण वोटिंग प्रक्रिया तीन बेर बाधित भइल। मतदाता लोगन के कहनाम बा कि नया मशीन ले आवल गइल, बाकिर ओमे दिक्कत रहे, जवना से वोटिंग सुरू होखे में देरी भइल।

एगो मतदाता मयूर जैन बतवलें कि ऊ सबेरे सात बजे से लाइन में खड़ा रहलें, बाकिर मशीन खराबी के चलते बार-बार वोटिंग रोकल जात रहे। उनकर कहनाम बा कि अंदर से हल्ला-गुल्ला सुनाई देत रहे आ कुछ समय खातिर गेट बंद कs दिहल गइल रहे।

मयूर जैन के अनुसार, बाद में कुछ लोग हंगामा करे के कोसिस करत पकड़ाइल, जवना के सीआरपीएफ जवान लोग हटावल।

सुरक्षा बल के मवजूदगी में वोटिंग जारी

हालात बिगड़ला के बाद सुरक्षा बल तुरंत पहुंच के इस्थिति के काबू में कइलस। सीआरपीएफ के मवजूदगी में फेर से वोटिंग सुरू करावल गइल। प्रशासन के कहनाम बा कि पूरा इस्थिति पs नजर रखल जा रहल बा आ वोटिंग शांतिपूर्ण तरीका से जारी बा।

Read Also: Bihar : भागलपुर में BAS अफसर के हत्या के मुख्य आरोपी के पुलिस मार गिरवलस; मुठभेड़ में तीन जवान घायल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-