Bihar : भागलपुर में BAS अफसर के हत्या के मुख्य आरोपी के पुलिस मार गिरवलस; मुठभेड़ में तीन जवान घायल

Share

भागलपुर। भागलपुर जिला के सुल्तानगंज में भइल गोलीकांड के मुख्य आरोपी रामधनी यादव के पुलिस मुठभेड़ में मार गिरवले बिया। अपराधियन के तरफ से भइल फायरिंग में बिहार पुलिस के तीन गो जवान घायल हो गइल बा लोग, एह लोगन के अस्पताल में इलाज चल रहल बा। पुलिस ई कार्रवाई नगर परिषद के कार्यपालक पदाधिकारी कृष्ण भूषण कुमार के हत्या के महज 12 घंटा के भीतर कइलस।

पुलिस के मोताबिक, आरोपी के घटना में इस्तेमाल हथियार आ आउर सामानन के बरामदगी खातिर ले जाइल जात रहे। एह बीच ऊ आपन साथियन के संगे मिलके पुलिस टीम पs अचानक गोलीबारी सुरू कs देलस।

मुठभेड़ में तीन जवान घायल

पुलिस बतवलस कि आत्मरक्षा में जवाबी फायरिंग कइल गइल, जवना में रामधनी यादव गंभीर रूप से घायल हो गइल। बाद में ओकरा के जवाहरलाल नेहरू मेडिकल कॉलेज अस्पताल भेजल गइल, जहां डॉक्टर लोग ओकरा के मृत घोषित कs देलस।

घटना के जानकारी मिलतही जिलाधिकारी डॉ. नवल किशोर चौधरी, वरीय पुलिस अधीक्षक प्रमोद कुमार यादव आ एसडीएम विकास कुमार अस्पताल पहुंच के पूरा हालात के जायजा लिहल।

एसएसपी के बयान

वरीय पुलिस अधीक्षक प्रमोद कुमार यादव बतवलें कि आरोपी के हथियार बरामद करे खातिर ले जाइल जात रहे, बाकिर रास्ता में ऊ हमला कs देलस। हालात के देखते पुलिस के जवाबी कार्रवाई करे के पड़ल।

एक दिन पहिले का भइल रहे?

28 अप्रिल के सुल्तानगंज नगर परिषद कार्यालय में दिन-दहाड़े अपराधी लोग गोलीबारी कइले रहs सs। एह हमला में कार्यपालक पदाधिकारी कृष्ण भूषण प्रसाद के मौत हो गइल, जबकि नगर सभापति राजकुमार गुड्डू गंभीर रूप से घायल हो गइल बाड़ें।

प्रत्यक्षदर्शियन के अनुसार, तीन अपराधी बाइक से आके अचानक ऑफिस में घुस गइले सs आ बिना कवनो चेतावनी के फायरिंग सुरू कs देले सs, जवना से पूरा इलाका में अफरा-तफरी मच गइल।

Read Also: Pakistan Fuel Crisis : ‘हमनी के लगे एक दिन के पेट्रोल नइखे, भारत के इस्थिति हमनी से कहीं बेहतर’; पाक पेट्रोलियम मंत्री के छलकल दरद

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-