[the_ad_group id="30365"]

Delhi Murder : दिल्ली में IRS अफसर के बेटी के फोन चार्जर के तार से गला घोंट के हत्या, यौन उत्पीड़न के आशंका, पुरान नौकर पs शक

Bangladesh violence as Hindu man Bajendra Biswas shot dead in Mymensingh district
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। दक्षिण-पूर्वी दिल्ली के अमर कॉलोनी इलाका में एगो सनसनीखेज घटना सामने आइल बा, जहां एगो आईआरएस के वरिष्ठ अफसर के बेटी के लाश घर के अंदर संदिग्ध हालात में मिलल बा। पुलिस के अंदेसा बा कि पहिले जुवती के संगे यौन उत्पीड़न भइल, ओकरा बाद फोन चार्जर के तार से गला घोंट के बेरहमी से हत्या कs दिहल गइल।

सुरुआती जांच में इहो बात सामने आ रहल बा कि गला घोंटे खातिर मोबाइल के चार्जिंग वायर के इस्तेमाल कइल गइल हो सकेला। दिल्ली पुलिस के अनुसार, हाल में हटावल गइल एगो घरेलू नौकर पs शक के सुई घूम रहल बा। पुलिस लाश के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर भेज देले बिया, जवना के रिपोर्ट अइला बाद मौत के सही कारण साफ होई।

घटना के बाद इलाका में दहशत के माहौल बन गइल बा। पुलिस ममिला के गंभीरता देखत जांच तेज कs देले बिया। जानकारी मिलल बा कि संदिग्ध नौकर के कुछ दिन पहिलही नौकरी से निकालल गइल रहे। पुलिस के शक बा कि ऊ बदला लेवे के नीयत से एह वारदात के कइले हो सकेला।

फॉरेंसिक टीम मवका पs पहुंच के सबूत जुटवले बिया आ आसपास के सीसीटीवी फुटेज खंगालल जा रहल बा। फिलहाल पुलिस ममिला दर्ज कs के संदिग्ध के तलाश में जुटल बिया।

पुलिस के माने के बा कि आरोपी के लगे घर के पूरा जानकारी रहे, जवना के फायदा उठा के ऊ ई जघन्य अपराध के अंजाम देलस। आरोपी के पकड़े खातिर पुलिस के कइयन गो टीम बनावल गइल बा।

Read Also: Fastest to 9 T20 100s : अभिषेक-कोहली ना, ई दिग्गज बनवलें टी20 में सबसे तेज नव शतक, दूसरका नंबर पs पाकिस्तानी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]