Vodafone-idea 5G Service भइल शुरू! अगर रउओ लग्गे आइल बा ई मैसेज, त हो जाईं सावधान

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 28, 2022

5G Service भारत में आ चुकल बा अउर धीरे-धीरे कई शहर में पहुंच रहल बा। Reliance Jio अउर Airtel अइसन दू टेलीकॉम कंपनी बा जौन भारत में 5जी सर्विस के शुरू रोल आउट कs रहल

Share

5G Service भारत में आ चुकल बा अउर धीरे-धीरे कई शहर में पहुंच रहल बा। Reliance Jio अउर Airtel अइसन दू टेलीकॉम कंपनी बा जौन भारत में 5जी सर्विस के शुरू रोल आउट कs रहल बा। पूरे देश में 5जी सर्विस जल्दी शुरू होई, एकरे खातिर अभिन तनी समय बा, क्योंकि स्टेप वाइज काम चल रहल बा, उहवें जौन BSNL अउर Vodafone-Idea के यूजर्स बानें, उन के 5जी खातिर थोड़ा अउर इंतजार करे के होई। यूजर्स के लग्गे एगो फेक मैसेज पहुंच रहल बा, जहां दावा कइल जा रहल बा कि 5जी सेवा शुरू हो चुकल बा। अगर आप बीएसएनल चाहे Vi यूजर बानें त एह घोटाला से बचीं।

मैसेज भइल वायरल- Vodafone-idea 5G Service भइल शुरू!

साइबर क्रिमिनल यूजर्स के 5जी नेटरवर्स से जुड़ले के लालच दे रहल बानें अउर उनके अकाउंट से पैसा चुरा रहल बानें। बता देईं, Vi अभिन ले आपन 5जी सर्विस शुरू नइखे कइले। 5जी के बहाने से जालसाज अनजान लोग के निशाना बना रहल बानें।

ई मैसेज आ रहल बा लोग के लग्गे

टीओआई के रिपोर्ट के मुताबिक, कई वीआई यूजर्स के 5जी के लेके SMS अउर वॉट्सएप मैसेज मिल रहल बा जौन लोग के लिंक पs क्लिक कsके 5जी नेटवर्क से जुड़ले के मौका दे रहल बानें। लेकिन ई फेक बा। यूजर्स के मैसेज मिलल, ‘वीआई 5जी नेटवर्क लाइव बा, नीचे दिहल गइल लिंक पs क्लिक करें चाहे अपग्रेड करे खातिर XXXXXX नंबर पर कॉल करीं।

लिंक पर न करीं क्लिक

रिपोर्ट में कहल गइल बा कि PayTM अकाउंट से SMS में लिंक जुड़ल होला। 5जी के लालच दे के लिंक पर क्लिक करावल जाला, जौन सीधे पेमेंट ऑप्शन पर ले जआ। एहसे उनकर फोन हैक हो जाला अउर यूजर्स पैसा से हाथ धो देनें। टेलीकॉम ऑपरेटर्स यूजर्स के अइसन स्कैम्स से सावधान न रहे के सलाह दीहले बा। बता देईं, जियो अउर एयरटेल 5जी सर्विस के रोलआउट कs रहल बा अउर एकरे खातिर 5जी सिम लेहले के जरूरत नइखे। 4जी सिम से ही काम हो जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.