Vinesh Phogat: पहलवान विनेश फोगाट के लागल तगड़ा झटका, ओलंपिक के फाइनल मुकाबला से पहिले भइली बाहर, जानीं मामला

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 7, 2024

Vinesh Phogat Disqualified from Olympics Reason : भारतीय पहलवान विनेश फोगट के ज्यादे वजन के चलते महिला कुश्ती 50 किग्रा से अयोग्य घोषित कऽ देले बा। पेरिस ओलंपिक 2024 में होखे वाला महिला कुश्ती 50

Share

Vinesh Phogat Disqualified from Olympics Reason : भारतीय पहलवान विनेश फोगट के ज्यादे वजन के चलते महिला कुश्ती 50 किग्रा से अयोग्य घोषित कऽ देले बा।

पेरिस ओलंपिक 2024 में होखे वाला महिला कुश्ती 50 किलोग्राम के आखिरी मैच से पहिले पहलवान विनेश फोगाट के बड़हन झटका लागल बा. उनकर वजन अधिका होखला के चलते फाइनल से पहिले अयोग्य करार दिहल गइल बा। मंगर के दिने ऊ सेमीफाइनल में क्यूबा के लोपेज गुजमान के 5-0 से हरा दिहली। उऽ ओलंपिक के फाइनल में पहुंचे वाली पहिला महिला पहलवान बनली।

भारतीय ओलंपिक संघ एकर पुष्टि करत कहलस कि विनेश फोगाट के वजन अधिका होखला के चलते अयोग्य करार दिहल गइल बा। एसोसिएशन कहलस कि, “भारतीय दल के दुख बा कि विनेश फोगाट के महिला कुश्ती के 50 किलो वर्ग से अयोग्य ठहरावल गइल बा। टीम के ओर से रात भर पूरा प्रयास के बावजूद आज भोरे उनकर वजन 50 किलोग्राम से कुछ ग्राम अधिका रहे। अबहीं दल के ओर से कवनो आउर टिप्पणी ना कइल जाई। भारतीय दल विनेश के निजता के सम्मान करे के अनुरोध करऽता। उऽ मौजूदा प्रतियोगिता पs ध्यान केंद्रित कइल चाहऽता”

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.