साक्षी मलिक के दावा पऽ बोलली विनेश फोगाट: जरी बहिन खातिर बोलल लालच बा तऽ…

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 22, 2024

ओलंपिक कांस्य पदक विजेता पूर्व पहलवान साक्षी मलिक बजरंग पुनिया अउरी विधायक विनेश फोगाट के बारे में कहले रहले कि जब दुनो के करीबी लोग लालच से दिमाग भरे लगले तऽ ओ लोग के विरोध

Share

ओलंपिक कांस्य पदक विजेता पूर्व पहलवान साक्षी मलिक बजरंग पुनिया अउरी विधायक विनेश फोगाट के बारे में कहले रहले कि जब दुनो के करीबी लोग लालच से दिमाग भरे लगले तऽ ओ लोग के विरोध प्रदर्शन में दरार आवे लागल।

एह पऽ कांग्रेस विधायक विनेश फोगाट कहली कि, लालच का? ई बात साक्षी मलिक से पूछे के चाहीं। अगर बहिनन खातिर बोले के लालच बा तऽ हमरा लगे उऽ बा आ ई बढ़िया बा। जदि लालच होखे तऽ देश के प्रतिनिधित्व कइल अउरी ओलंपिक पदक ले आवल एगो निमन लालच बा’

ओलंपिक कांस्य पदक विजेता पूर्व पहलवान साक्षी मलिक कहली कि पिछला साल विनेश फोगाट आ बजरंग पुनिया के एशियाई खेलन के परीक्षण से बाहर निकले के फैसला से बृज भूषण शरण सिंह के खिलाफ उनका विरोध के छवि प्रभावित भइल काहे कि एहसे अभियान स्वार्थी लउकत रहे। साक्षी एह विरोध के तीन गो मुख्य पहलवानन में से एक रहली।

एकरा अलावे उ अपना कैरियर के संघर्ष के बारे में अपना हाल में रिलीज भइल किताब ‘विटनेस’ में लिखली। एहमें उऽ बतवली कि जब बजरंग आ विनेश के करीबी लोग मन में लालच भरे लागल तऽ ओह लोग के विरोध में दरार लउके लागल। एतने ना, किताब में साक्षी अपना कैरियर के शुरुआती संघर्ष के अलावे पूर्व पहलवान अउरी भाजपा नेता बबिता फोगाट पऽ भी आरोप लगवली कि उ विरोध प्रदर्शन के फायदा अपना स्वार्थ खाती उठवली।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.