नई दिल्ली। भारतीय पहलवान विनेश फोगाट के 2026 सीनियर विश्व चैंपियनशिप के चयन ट्रायल से पहिले बड़ झटका लागल बा। दिल्ली हाईकोर्ट 14 सितंबर के होखे वाला चयन ट्रायल में विनेश फोगाट के हिस्सा लेवे के इजाजत देवे से इनकार कs देलस। जस्टिस स्वर्ण कांता शर्मा अंतरिम आदेस में कहलें कि अदालत मवजूदा नियमन में विशेष छूट देके विनेश के ट्रायल में सामिल होखे के अनुमति नइखे दे सकत।
मातृत्व आ खेल करिअर के बीच संतुलन पs उठल सवाल
अदालत एह ममिला में मातृत्व आ महिला खिलाड़ी के खेल करिअर से जुड़ल एगो अहम सवाल पs विचार करे के बात कहलस। कोर्ट देखी कि मां बने के बाद महिला खिलाड़ी के खेल में वापसी आ प्रतियोगिता खातिर पात्रता के नियम में कइसन संतुलन बनावल जा सकेला।
विनेश फोगाट जुलाई 2025 में मां बनल रहली। एकरा बाद ऊ मैटरनिटी लीव से वापस आ चुकल बाड़ी। ऊ 2026 सीनियर विश्व चैंपियनशिप खातिर होखे वाला महिला चयन ट्रायल में हिस्सा लेवे के अनुमति मंगले रहली।
‘का मां बने आ करिअर में से एगो चुने के पड़ी?’
हाईकोर्ट कहलस कि ई एगो अहम सवाल बा कि मातृत्व आ खेल करिअर के बीच संतुलन कइसे बनावल जावs। का कवनो महिला खिलाड़ी के मां बने आ आपन खेल करिअर जारी रखे में से कवनो एगो विकल्प चुने के इस्थिति में आइल चाहीं? हालांकि, अदालत साफ कइलस कि एह मुद्दा पs अभी अंतिम फैसला नइखे आइल। आगे के सुनवाई में एह पहलू पs विस्तार से विचार होई।
का बा पूरा ममिला?
भारतीय कुश्ती महासंघ 7 सितंबर के चयन ट्रायल खातिर पात्रता से जुड़ल नियम तय कइले रहे। एह नियम के तहत कुछ जरूरी प्रतियोगितन में हिस्सा लिहल अनिवार्य बा। हाईकोर्ट कहलस कि ई नियम सब खिलाड़ियन पs समान रूप से लागू होखेला। तय प्रतियोगितन में हिस्सा ना लेवे वाला पहलवान मवजूदा नियम के तहत चयन ट्रायल खातिर पात्र ना मानल जाई।
विनेश काहे मंगले रहली विशेष छूट?
विनेश फोगाट याचिका दायर क के कहली कि गर्भावस्था, लईका के जनम आ प्रसव के बाद स्वास्थ्य लाभ के चलते ऊ कुछ समय तक प्रतियोगितन में हिस्सा ना ले सकली। एह अवधि के धेयान में रखत ऊ विशेष छूट मंगले रहली, ताकि 2026 सीनियर विश्व चैंपियनशिप के चयन ट्रायल में सामिल हो सकस। हालांकि, अदालत मवजूदा पात्रता नियम में उनका खातिर अलग से छूट देवे से इनकार कs देलस। एह फैसला से 14 सितंबर के ट्रायल में विनेश के उतरे के उम्मीदन के बड़ झटका लागल बा।






