नई दिल्ली। ईरान के राष्ट्रपति मसूद पेजेशकियन भारत पहुंच गइल बाड़ें। ऊ इहां ब्रिक्स शिखर सम्मेलन में सामिल होइहें। एकरा संगही आज प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से उनकर अहम द्विपक्षीय बैठक होखे वाला बा।
एकरा से पहिले प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी किर्गिस्तान के बिश्केक में भइल एससीओ शिखर सम्मेलन के दौरान ईरान के राष्ट्रपति मसूद पेजेशकियन से मुलाकात कइले रहलें।
द्विपक्षीय कारोबार बढ़वला पs जोर
भारत एह क्षेत्र में लमहर समय तक शांति आ इस्थिरता बनवले रखे खातिर कइल जा रहल सब कोसिसन के समर्थन दोहरवले बा। ब्रिक्स आ एससीओ जइसन बहुपक्षीय संगठनन में ईरान के संगे मिलके काम करे के भारत के प्रतिबद्धता दोहरावल गइल।
प्रधानमंत्री मोदी ईरान के संगे द्विपक्षीय कारोबार के रास्ता बढ़ावे आ ओकरा में विविधता ले आवे खातिर भारत के संकल्प जाहिर कइले बाड़ें। दुनो देसन के बीच कइयन क्षेत्र में रहल ऐतिहासिक संबंधन के आउर मजबूत करे पs जोर दिहल गइल बा।
पेजेशकियन के भारत दौरा काहे अहम बा?
ईरान के बिदेस मंत्रालय के प्रवक्ता इस्माइल बघाई 12-13 सितंबर के नई दिल्ली में होखे वाला ब्रिक्स शिखर सम्मेलन में राष्ट्रपति पेजेशकियन के हिस्सा लेवे के महत्व पs भरोसा जतवले बाड़ें। उनका मोताबिक, बहुपक्षीय कूटनीति के माध्यम से दुनो देसन के बीच द्विपक्षीय सहजोग में आउर तेजी आ सकेला।
ईरान के बिदेस मंत्रालय के प्रवक्ता का कहलें?
बघाई कहलें कि ईरान ब्रिक्स शिखर सम्मेलन के मवका के इस्तेमाल भारत के संगे आपसी हित वाला क्षेत्रन में बातचीत आ विचार-विमर्श जारी रखे खातिर करी। ऊ एससीओ शिखर सम्मेलन आ ब्रिक्स जइसन बड़ बहुपक्षीय समूह में भारत के प्रभावशाली भूमिका पs जोर देलें।
भारत से कइयन क्षेत्र में मजबूत संबंध
ईरानी प्रवक्ता कहलें कि भारत ओह देसन में से एगो बा, जवना के संगे ईरान के कइयन क्षेत्र में अच्छा संबंध बा। खास कs के कारोबार आ आर्थिक सहजोग के क्षेत्र में दुनो देसन के संबंध महत्वपूर्ण बा।
बघाई कनेक्टिविटी आ लॉजिस्टिक्स इंफ्रास्ट्रक्चर के दुनो देस खातिर प्राथमिकता बतवलें। एमे खास तौर पs चाबहार बंदरगाह के महत्वपूर्ण बतावल गइल।
उनका मोताबिक, ईरान आ भारत के बीच बातचीत में चाबहार पोर्ट सहित कइयन गो मुद्दन पs चरचा होला। ऊ कहलें कि भारत के संगे ईरान के संबंध अच्छा बा आ लगातार बेहतर हो रहल बा।
Read Also: JSSC-CGL पेपर लीक ममिला में CID के बड़ कार्रवाई, कोडरमा से दूगो जुवक गिरफ्तार, रांची ले गइल टीम






