विद्या बालन आ आशा भोसले के मिलल लता दीनानाथ मंगेशकर अवार्ड 

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 25, 2023

  स्वर्गीय स्वर कोकिला लता मंगेशकर के बहिन आ गायिका आशा भोसले आ अभिनेत्री विद्या बालन के लता दीनानाथ मंगेशकर अवार्ड से सम्मानित कइल गइल। एह पुरस्कार समारोह के आयोजन 24 अप्रैल के भइल रहे

Share

 

स्वर्गीय स्वर कोकिला लता मंगेशकर के बहिन आ गायिका आशा भोसले आ अभिनेत्री विद्या बालन के लता दीनानाथ मंगेशकर अवार्ड से सम्मानित कइल गइल। एह पुरस्कार समारोह के आयोजन 24 अप्रैल के भइल रहे जवन लता मंगेशकर के पिता दीनानाथ मंगेशकर के स्मृति दिवस ह। विद्या बालन एगो साड़ी पहिन के पहुंचली, जवन कि उनुका के खुद लता मंगेशकर साल 2015 में उपहार में देले रहली, विद्या बालन कहली कि उनुकर माई चाहत रहली कि लता जी हमरा के ए साड़ी में देखस।

जब विद्या बालन के मुलाकात आशा भोसले से भइल

विद्या बालन कहली कि हमार सौभाग्य बा कि हमरा बहुते पुरस्कार मिलल बा। प्रोत्साहन के एगो रूप ह बाकिर आजु हमरा लागत बा कि ई एगो सम्मान ह, आ बस उमेद बा कि लता जी के आशीर्वाद हमरा साथे बनल रही। हमहूँ बहुत भाग्यशाली बानी काहे कि आशा जी से हमार बहुत प्यारा रिश्ता बा। हमनी के एक बेर एक संगे मुंबई से पेरिस गईल रहनी जा अउरी हम उमीर मे छोट बानी। असल में ई लोग प्रेरणादायक बा।

आशा भोसले याद कइली लता मंगेशकर के

आशा भोसले के ई पुरस्कार मिलत घरी आपन बड़की बहिन के प्यार से याद कइलन। उ कहली कि हम इहाँ मंच पे मौजूद सभ लोग के नमस्कार नईखी क सकत, हम आशीर्वाद देवे के चाहतानी काहेंकी हम आशीर्वाद देवे के उमर के बानी। हमार उमिर 90 साल बा। हमार जनम 1933 में भइल रहे आ हम 1943 से गावत बानी जब हम महज 10 साल के रहनी। हमार एके गो इच्छा बा कि हम अपना बहिन खातिर ई पुरस्कार लेत बानी। बाबूजी कहले रहले कि ‘जिनगी में कूदे के बा त कौआ निहन कूद मत, चील निहन कूद’। हम कतनो बड़का गीत गवले बानी बाकिर जनता के बिना कवनो कलाकार बड़ ना हो पावेला। छोड़ हमार, जब तक सूरज चाँद रही तब तक दीदी (लता मेंगेशकर) के नाम बनल रही। आशा भोसले अपना बड़की बहिन के याद करत ‘मोगरा फुला मोगरा फुला’ गीत भी गवली ।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.