छपरा : डबल डेकर निर्माण के लेके एक साल तक एह मार्ग पs वाहनन के परिचालन पs लागी रोक

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 23, 2025

छपरा। शहर में देस के सबसे लमहर डबल डेकर फ्लाइ ओवरब्रीज के निमार्ण कार्य चल रहल बा। नगरपालिका चौक से लेके गांधी चौक तक जमीन अधीग्रहण के लेके निर्माण कार्य रूकल रहे। जवना के हाईकोर्ट

Share

छपरा : डबल डेकर निर्माण के लेके एक साल तक एह मार्ग पs वाहनन के परिचालन पs लागी रोक

छपरा। शहर में देस के सबसे लमहर डबल डेकर फ्लाइ ओवरब्रीज के निमार्ण कार्य चल रहल बा। नगरपालिका चौक से लेके गांधी चौक तक जमीन अधीग्रहण के लेके निर्माण कार्य रूकल रहे। जवना के हाईकोर्ट द्वारा रोक हटा दिहल गइल बा। अब नगरपालिका चौक से गांधी चौक तक डबल डेकर पुल निर्माण के काम सुरू कs दिहल गइल बा। एकरा के लेके जिला प्रशासन द्वारा बड़ निर्णय लिहल गइल बा।

जिलाधिकारी अमन समीर के अध्यक्षता में भइल बैठक में निर्णय लिहल गइल बा कि नगरपालिका चौक से गांधी चौक तक पुल निर्माण के लेके एक साल तक वाहनन के परिचालन पs रोक लगावल जाई। जिलाधिकारी सदर अनुमंडल पदाधिकारी, ट्रैफिक डीएसपी आ सदर एसडीपीओ के निरदेस दिहल गइल बा कि आमजन के असुविधा ना होखे एकरा खातिर वैकल्पिक मार्गन के चयन कइल जावs ताकि संयुक्त आदेस जारी कइल जा सके।

एह निर्माण कार्य पs माननीय न्यायालय द्वारा रोक लगा दिहल गइल रहे, जवना के अब हटा लिहल गइल बा। जिला प्रशासन आ संबंधित विभागन के संयुक्त प्रयासन से ई अनुमति प्राप्त भइल बा, जवना से परियोजना के अब तेजी से पूरा कइल जा सकी।

बिहार राज्य पुल निर्माण निगम लिमिटेड के स्पष्ट निरेस दिहल गइल बा कि निर्माण काम में कवनो प्रकार के देरी ना होखे आ एकरा के तय समयसीमा के भीतर पूरा कइल जाव। निर्माण कार्य बिहान बुध से सुरू होई, जवना से शहर के लोगन के जल्दिये बेहतर यातायात सुविधा उपलब्ध हो सकी।

परियोजना से जुड़ल मुख्य बात

गांधी चौक से म्युनिसिपल चौक तक डबल डेकर के निर्माण बिहान से सुरू होई। न्यायालय द्वारा पहिले लगावल गइल प्रतिबंध के हटा लिहल गइल बा। जिला प्रशासन आ विभाग एह परियोजना के गति देवे में महत्वपूर्ण भूमिका निभवले बा। पुल निर्माण निगम के काम जल्दिये पूरा करे के निरदेस दिहल गइल बा।

छपरा वासियन खातिर ई परियोजना बहुते महत्वपूर्ण बा, काहेकि एकरा से यातायात बेवस्था में सुधार होई आ जाम के समस्या से राहत मिली। शहर के लोग एह विकास कार्य के लेके उत्साहित बा आ उम्मीद कs रहल बा कि ई निर्धारित समय पs पूरा होई।

Read Also: UP News: गोरखपुर के एह थाना के बदली पता, 1.50 एकड़ जमीन पs बनी आधुनिक नया भवन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.