Varanasi: मॉरीशस के प्रधानमंत्री वाराणसी पहुंचले, गंगा में प्रवाहित करिहें ससुर के अस्थि, फेर होइ दर्शन-पूजन

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 11, 2023

  मॉरीशस के प्रधानमंत्री प्रविंद जुगनाथ दू दिन के यात्रा पs वाराणसी चहुँप गइल बाड़न। हवाई अड्डा से नदेसर स्थित होटल में उनुकर भव्य स्वागत भईल। हर जगह स्कूली बच्चा हाथ में झंडा लेके मॉरीशस

Share

 

मॉरीशस के प्रधानमंत्री प्रविंद जुगनाथ दू दिन के यात्रा पs वाराणसी चहुँप गइल बाड़न। हवाई अड्डा से नदेसर स्थित होटल में उनुकर भव्य स्वागत भईल। हर जगह स्कूली बच्चा हाथ में झंडा लेके मॉरीशस के प्रधानमंत्री के अभिवादन कईले। एह दौर के सुरक्षा के इंतजाम कड़ा बा।

मॉरीशस के प्रधानमंत्री प्रविंद जुगनाथ दुपहरिया में दशाश्वमेध घाट पs आपन ससुर के राख गंगा में विसर्जित करिहें। श्री काशी विश्वनाथ धाम में शाम 5 बजे दर्शन एवं पूजा करीहें। गंगा आरती में भी सामिल हो सकेले। मंगल के सबेरे बाबतपुर हवाई अड्डा पs जइहें, फेर मुंबई खातीर रवाना होईहे।

मॉरीशस के प्रधानमंत्री के अइला के देखत अतवार के दिने पुलिस लाइन पs सुरक्षा आ यातायात के इंतजाम के खाका बनावल गइल। पुलिस आयुक्त मुथा अशोक जैन आयुक्तालय के पुलिस अधिकारी आ कर्मचारी से वीआईपी के आवाजाही के दौरान सुचारू रूप से यातायात के व्यवस्था सुनिश्चित करे के कहले।

मॉरीशस के प्रधानमंत्री के सुरक्षा कड़ा

आयुक्त पुलिस बल के अलावा बाहर से 10 आईपीएस, पांच एडिशनल एसपी, आठ डिप्टी एसपी, पांच इंस्पेक्टर, 40 महिला-पुरुष सब इंस्पेक्टर, 200 आरक्षी-मुख्य आरक्षी आ तीन गो कंपनी पीएसी जवान के सुरक्षा खातिर तैनात कइल जाई। दशाश्वमेध घाट से मणिकर्णिका घाट से जाए के दौरान जल पुलिस, 11 एनडीआरफ अवुरी पीएसी बाढ़ राहत दल के जवान तैनात कईल जाई।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.