Varanasi : पद्मश्री से सम्मानित 129 साल के योग गुरु बाबा शिवानंद के निधन, आज होई स्वामीजी के अंतिम संस्कार

By Anurag Ranjan

Published on: May 4, 2025

वाराणसी: 129 वर्ष के योग गुरु पद्मश्री शिवा नंद के सनीचर के रात निधन हो गइल। बीएचयू अस्पताल में ऊ अंतिम सांस लेलें। डॉ. देवाशीष बतवलें कि योग गुरु सनीचर के रात 8:30 बजे इलाज

Share

वाराणसी: 129 वर्ष के योग गुरु पद्मश्री शिवा नंद के सनीचर के रात निधन हो गइल। बीएचयू अस्पताल में ऊ अंतिम सांस लेलें। डॉ. देवाशीष बतवलें कि योग गुरु सनीचर के रात 8:30 बजे इलाज के दौरान अंतिम सांस लेलें।

स्वास्थ्य खराब होखला के कारण ऊ तीन दिन से बीएचयू में भर्ती रहस। देर रात उनकर शव दुर्गाकुंड इस्थित आश्रम पs ले आवल गइल। शिष्य लोग बतावल कि उनकर अंतिम संस्कार हरिश्चंद्र घाट पs आज कइल जाई।

पद्मश्री शिवा नंद अन्न ना खात रहस। योग गुरु आ योग साधना में निपुण रहस। ऊ योग साधना के जादे प्राथमिकता देत रहस। ऊ महाकुंभ में स्नान खातिर पहुंचल रहस।

आश्रम से जुड़ल लोगन के दावा बा कि ऊ देस के सबसे बुजुर्ग व्यक्ति रहस। ऊ 2022 में पद्मश्री से नवाजा गइल रहस। तत्कालीन राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद उनका के सम्मानित कइले रहस।

योग गुरु शिवानंद योग साधना के जादे प्राथमिकता देस आ दोसरा लोगन के एकरा खातिर प्रोत्साहित करत रहलें।

अस्पताल के डॉ. देवाशीष बतवलें कि स्वास्थ्य खराब होखला के कारण ऊ तीन दिन से बीएचयू में भर्ती रहस। उनकर पार्थिव शरीर सनीचर के देर रात दुर्गाकुंड इस्थित आश्रम पs ले आवल गइल। शिष्य लोग बतावल कि उनकर अंतिम संस्कार अतवार के हरिश्चंद्र घाट पs कइल जाई।

Read Also: NEET UG 2025: त्रिस्तरीय निगरानी में नीट-यूजी के परीक्षा आज, फर्जीवाड़ा पs सख्ती; हाई अलर्ट पs राज्य सरकार

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.