Varanasi News: शादी के जिद पऽ अड़ल रहे प्रेमिका, इनकार कइला पऽ प्रेमी के पत्नी के रेत देलस गरदन

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 20, 2024

मंगर के सबेरे वाराणसी जिला के चोलपुर थाना क्षेत्र के गडसरा गांव में एगो पागल प्रेम में प्रेमिका अपना प्रेमी के पत्नी के गला काट दिहलस। जवना के चलते उऽ गंभीर रूप से घाही हो

Share

मंगर के सबेरे वाराणसी जिला के चोलपुर थाना क्षेत्र के गडसरा गांव में एगो पागल प्रेम में प्रेमिका अपना प्रेमी के पत्नी के गला काट दिहलस। जवना के चलते उऽ गंभीर रूप से घाही हो गइल। तुरंत उनका के अस्पताल में भर्ती करावल गइल।

इ बा पूरा मामला

जानकारी के मुताबिक गडसरा गांव के निवासी लइकी के संगे पांच साल से उहे गांव के एगो लइका के संगे प्रेम-प्रसंग चलत रहे। एही बीच करीब पांच महीना पहिले युवक के बियाह एगो अवुरी लइकी से हो गइल। युवक के बियाह के बाद से प्रेमिका लगातार ओकरा पs भाग के ओकरा से बियाह करे के दबाव बनावत रहे। जबकि प्रेमी इनकार करत रहे।

इहाँ मंगर के सबेरे प्रेमिका अपना प्रेमी के घरे पहुंचल आ प्रेमी के पत्नी के गला चाकू से काट के हत्या करे के कोशिश कइलस। अचानक चाकू से हमला देख के बबलू के परिवार के लोग स्तब्ध रह गइले आ तुरंत चोलपुर पुलिस के सूचना देले।

चोलपुर पुलिस चोलपुर पहुंच के रोशन जाहा के गंभीर हालत में चोलपुर सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र भेज दिहलस, जहां उनकर गंभीर हालत देख के डॉक्टर उनका के बीएचयू ट्रॉमा सेंटर रेफर कऽ देले। मौका पs पहुंचल पुलिस प्रिया शर्मा के हिरासत में ले लेलस।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.