छपरा से लखनऊ तक 13 फेरन खातिर चली वंदे भारत एक्सप्रेस

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 11, 2024

आवे वाला त्योहार के मौसम में यात्रियन के अतिरिक्त भागदौड़ के ध्यान में राखत, यात्रियन के मांग पऽ भीड़ कम करे खातिर रेल प्रशासन लखनऊ – छपरा होत वाराणसी, सुरेमनपुर, बलिया आ गाजीपुर एक जोड़ी

Share

आवे वाला त्योहार के मौसम में यात्रियन के अतिरिक्त भागदौड़ के ध्यान में राखत, यात्रियन के मांग पऽ भीड़ कम करे खातिर रेल प्रशासन लखनऊ – छपरा होत वाराणसी, सुरेमनपुर, बलिया आ गाजीपुर एक जोड़ी वंदे भारत स्पेशल एक्सप्रेस चलावे के फैसला कइले बा। आठ गो कोच से चले वाली आरक्षित वंदे भारत स्पेशल एक्सप्रेस ट्रेन 25 अक्टूबर से 08 नवंबर 2024 ले लखनऊ आ छपरा से 13 गो यात्रा खातिर चलावल जाई।

छपरा से लखनऊ तक दउरी वंदे भारत

गाड़ी सं-02270 लखनऊ-छपरा वन्देभारत स्पेशल एक्सप्रेस गाड़ी 25, 26, 27, 28, 30, 31 अक्टूबर 01, 02, 03, 04, 06, 07, 08 नवम्बर,2024 तक लखनऊ से 14:15 बजे, प्रस्थान कर सुल्तानपुर से 16:05/16:07 बजे,वाराणसी जं से 18:20/18:25 बजे,गाजीपुर सिटी से 19:33/19:35 बजे,बलिया से 20:23/20:25 बजे,सुरेमनपुर से 20:55/20:57 बजे छपरा 21:30 बजे पहुँची।

छपरा से खुले के टाइमिंग

वापसी यात्रा में गाड़ी सं-02269 छपरा –लखनऊ वन्देभारत स्पेशल एक्सप्रेस 25, 26, 27, 28, , 30, 31 अक्टूबर आ 01, 02, 03, 04, 06, 07, 08 नवम्बर,2024 तक छपरा से 23:00 बजे प्रस्थान कऽ के सुरेमनपुर से 23:35/23:37 बजे दूसरका दिन बलिया से 00:05/00:07 बजे,गाजीपुर सिटी से 00:59/01:01 बजे,वाराणसी जं 02:30/02:35 बजे सुल्तानपुर से 04:48/04:50 बजे छूट के 06:30 बजे लखनऊ पहुँची।

ट्रेन में होई कुल 8 कोच

एह आरक्षित गाड़ी के संरचना में 08 वन्देभारत कोच प्रयुक्त होई। यात्रियन से अनुरोध वा कि उपरोक्त रेल गाड़ियन के रूट के आउर ठहराव आ समय-सारणी के जानकारी खातिर कृपया रेल मदद हेल्पलाइन नं. 139 डायल करीं अथवा रेलगाड़ी पूछताछ वेबसाइट www.enquiry.indianrail.gov.in देखीं।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.