Vande Bharat Express: CM गहलोत बोललें- जे केहू मंत्री बनेला है, ऊ अपना राज्य के विशेष धेयान रखेला ‘रउओ’ रखीं

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 12, 2023

अजमेर से चलके दिल्ली कैंट तक चले वाली राजस्थान के पहिला आ देस के 15वां वंदे भारत ट्रेन के सुभारंभ समारोह में मुख्यमंत्री अशोक गहलोत प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के धन्यवाद कइलें। संगही कहलें, रउआ राजस्थान

Share

अजमेर से चलके दिल्ली कैंट तक चले वाली राजस्थान के पहिला आ देस के 15वां वंदे भारत ट्रेन के सुभारंभ समारोह में मुख्यमंत्री अशोक गहलोत प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के धन्यवाद कइलें। संगही कहलें, रउआ राजस्थान में वंदे भारत ट्रेन के सुरुआत कइनी, एकरा खातिर हम बहुत खुश बानी आ राउर धन्यवाद करत बानी।

गहलोत बोललें, प्रधानमंत्री जी रेल के ममिलला में अभियो राजस्थान के बांसवाड़ा आ टोंक रेल मार्ग से वंचित बा, जवना के रउआ धेयान रखे के होई। काहेकि इहो इलाका राजस्थान खातिर बहुत जरूरी बा। गहलोत बोललें, जब सीपी जोशी मंत्री बनल रहस तs रेल कोच बनावे के फैक्ट्री लेके आइल रहस मारवाड़ में। बाकिर आज उ बंद बा।

गहलोत कहलें कि अश्वनी वैष्णव राजस्थान के हवे, जे आज रेल मंत्री बाड़ें, जे केहू मंत्री बनेला, ऊ अपना राज्य के धेयान राखेला। के केहू पहिले मंत्री बनल ऊ अपना राज्यन खातिर बहुत काम कइलस आ रउआ तs हमनी के क्षेत्र के बानी। एहिसे रउओ बिना कवनो संकोच के प्रधानमंत्री जी से राजस्थान खातिर मांग रखल करीं।

मुख्यमंत्री अशोक गहलोत प्रधानमंत्री से कहलें कि दिल्ली-मुंबई इंडस्ट्रियल कोरिडोर राउर महत्वाकांक्षी योजना हs। एहिसे रेल मंत्रालय राजस्थानो के साथ लेके चलें, जवना के चलते राजस्थानो देस से आसानी से जुड़ सके।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.