महाकुंभ से तीर्थयात्रियन के लेके आ रहल वैन के ट्रक से भइल भीषण टक्कर, गुजरात में 4 के मउत, कई घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 15, 2025

उत्तर प्रदेश के प्रयागराज में महाकुंभ मेला के आयोजन हो रहल बा। देश के हर कोना से तीर्थयात्री भारी संख्या में इहाँ पहुंच रहल बाड़े। गुजरात के दाहोद जिला में शुक देर रात महा कुंभ

Share

महाकुंभ से तीर्थयात्रियन के लेके आ रहल वैन के ट्रक से भइल भीषण टक्कर

उत्तर प्रदेश के प्रयागराज में महाकुंभ मेला के आयोजन हो रहल बा। देश के हर कोना से तीर्थयात्री भारी संख्या में इहाँ पहुंच रहल बाड़े। गुजरात के दाहोद जिला में शुक देर रात महा कुंभ से तीर्थयात्रियन के ले जात एगो पर्यटक वैन राजमार्ग पs खड़ा ट्रक से टकरा गइल जवना से चार लोग के मौत हो गइल. 6 अन्य लोग गंभीर रूप से घायल हो गईले। पुलिस इs जानकारी देले बिया। 

मरेवाला लोग में एगो महिला भी शामिल रहली

पुलिस अधिकारी बतवले कि इंदौर अहमदाबाद राजमार्ग पs लिमखेड़ा के नजदीक सुबह करीब 2.15 बजे दुर्घटना भईल। उs बतवले कि 10 तीर्थयात्री के लेके एगो टूरिस्ट वैन सड़क के किनारे खड़ा ट्रक से टकरा गईल। अधिकारी बतवले कि मरेवाला लोग में एगो महिला भी शामिल बाड़ी। 

घाही लोग के अस्पताल में भर्ती करावल गईल

पुलिस के कहनाम बा कि मारल गईल लोग भरुच जिला के अंकलेश्वर अवुरी अहमदाबाद जिला के धोलका के निवासी हवे। अफसर कहले, ‘महाकुंभ से तीर्थयात्री लवटत रहले। एक महिला समेत 4 लोग के मौका पs मउत हो गईल अवुरी 6 जने घाही हो गईले। घाही लोग के अस्पताल पहुंचावल गईल बा। 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: वेट लॉस के कुल पैंतरा आजमा चुकल बानी, बाकिर वजन नइखे होत टस से मस? तs ट्राई करीं इs 3 गो योगा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.