वैशाली। बिहार के वैशाली में मंगलवार के गंगा नदी में नाव पलटला से लापता भइल लोग के तलाश खातिर बुधवार के बचाव अभियान जारी बा। एह हादसा में 13 लइकन के मउत हो गइल रहे।
वैशाली के जिलाधिकारी वर्षा सिंह कहलें कि मरे वालान लोगन के संख्या 13 ही बा, काहे कि अबले कवनो अउरी शव नइखे मिलल। मरे वालान सभ बच्चा 15 साल से कम उमिर के रहलें।
श्राद्ध में जात बेर भइल हादसा
अधिकारियन के कहल बा कि ई घटना मंगलवार के रात करीब 8:30 बजे भइल, जब रामपुर श्यामचंद गाँव के लोग नदी के दोसरा ओर एगो गाँव में भोज में शामिल होखे जात रहलें। डीएम बतवली कि कुल 6 लोगन के बचा लिहल गइल बा। बचाव आ राहत के काम जारी बा।
एसडीआरएफ के सब-इंस्पेक्टर जय दीप नारायण सिंह पत्रकारन के बतवलें कि 20 से अधिक यात्री से भरल क्षतिग्रस्त नाव के बाहर निकाल लिहल गइल बा।
सम्राट आ तेजस्वी जतवलें दुख
मुख्यमंत्री सम्राट चौधरी मरे वालान हर लइकन के परिवार के 4 लाख रुपिया के अनुग्रह राशि देवे के घोषणा कइले बाड़ें। पूर्व बीजेपी विधायक सतीश कुमार यादव आ एलजेपी (आरवी) के एमएलसी अशरफ अंसारी समेत कई गो राजनीतिक नेता घटनास्थल प पहुँच के पीड़ित परिवारन के प्रति संवेदना जतवलें।
राघोपुर विधानसभा क्षेत्र के प्रतिनिधित्व करे वाला राजद नेता तेजस्वी यादव ‘एक्स’ पर कहलें कि ऊ जिला प्रशासन से बात कइले बाड़ें आ उहाँ से ओह लोग के स्थिति के जानकारी मिलल बा। यादव कहलें कि नई दिल्ली से लवटला के बाद ऊ घटनास्थल के दौरा करीहें। उ एसआईआर प्रक्रिया के खिलाफ विरोध प्रदर्शन में शामिल होखे खातिर दिल्ली गइल रहलें।
एह बीच, स्थानीय लोग प्रशासन प लापरवाही के आरोप लगावत गाँव में विरोध प्रदर्शन कइलें आ संबंधित अधिकारियन के खिलाफ एफआईआर दर्ज करे के मांग कइलें।







No comments yet. Be the first to comment!