CWG 2026 Medal Tally : भारत के झोरी में अब तक 12 पदक, जानीं केकरा मिलल गोल्ड, सिल्वर आ ब्रॉन्ज

India wins 12 medals at the Commonwealth Games 2026 in Glasgow

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। स्कॉटलैंड के ग्लासगो में चल रहल कॉमनवेल्थ गेम्स 2026 में भारतीय खिलाड़ी सानदार प्रदर्शन कs रहल बा लोग। भारत के झोरी में अब तक 12 पदक आ गइल बा, जवना में 2 गोल्ड, 7 सिल्वर आ 3 ब्रॉन्ज मेडल सामिल बा। एह उपलब्धि के बदौलत भारत पदक तालिका में टॉप-10 में बनल बा। भारोत्तोलन में भारतीय खिलाड़ी सबसे बढ़िया प्रदर्शन कइले बा लो आ एह खेल से सबसे जादे पदक मिलल बा।

भारत के दल ग्लासगो में अलग-अलग खेल आ पैरा स्पर्धा में चुनौती पेश करत बा। अभी कइयन गो महत्वपूर्ण मुकाबला बाकी बा, एह से भारत के पदक संख्या में आगे आउर बढ़न्ती होखे के उम्मेद बा।

भारोत्तोलन में भारत के दबदबा

कॉमनवेल्थ गेम्स 2026 में भारत खातिर भारोत्तोलन सबसे सफल खेल बनल बा। एह खेल से भारत के 7 पदक मिलल बा। स्टार वेटलिफ्टर मीराबाई चानू महिला 48 किलोग्राम वर्ग में गोल्ड जीतके लगातार तीसरका बेर कॉमनवेल्थ गेम्स के खिताब अपना नावे कइली।

एहिजा ऋषिकांत सिंह, राजा मुथुपांडी, ज्ञानेश्वरी यादव, वल्लुरी अजया बाबू आ हरजिंदर कौर सिल्वर मेडल जीतल लो। ओहिजा, बिंदियारानी देवी ब्रॉन्ज मेडल हासिल कइली।

एथलेटिक्स आ पैरा खेल में चमकल भारत

एथलेटिक्स में सरवेश कुशारे पुरुष हाई जंप में सिल्वर मेडल जीतके भारत के गौरव बढ़वलें। ओहिजा, गुलवीर सिंह पुरुष 10,000 मीटर दउड़ में सिल्वर मेडल अपना नावे कइलें। एह प्रदर्शन से भारतीय एथलेटिक्स टीम के पदक के उम्मेद आउर मजबूत भइल बा।

पैरा एथलेटिक्स में शर्मिला धनखड़ महिला शॉट पुट F57 स्पर्धा में गोल्ड मेडल जीतली। ओही स्पर्धा में शिल्पा के. शायला ब्रॉन्ज मेडल हासिल कइलीं। पैरा पावरलिफ्टिंग में झंडू कुमार भारत खातिर पहिला पदक जीतत ब्रॉन्ज मेडल दिलवलें।

भारत के अब तक के सब पदक विजेता

क्रम खिलाड़ी खेल/स्पर्धा पदक
1 झंडू कुमार पैरा पावरलिफ्टिंग ब्रॉन्ज
2 ऋषिकांत सिंह भारोत्तोलन सिल्वर
3 मीराबाई चानू भारोत्तोलन गोल्ड
4 राजा मुथुपांडी भारोत्तोलन सिल्वर
5 ज्ञानेश्वरी यादव भारोत्तोलन सिल्वर
6 बिंदियारानी देवी भारोत्तोलन ब्रॉन्ज
7 शर्मिला धनखड़ पैरा एथलेटिक्स गोल्ड
8 सरवेश कुशारे एथलेटिक्स सिल्वर
9 शिल्पा के. शायला पैरा एथलेटिक्स ब्रॉन्ज
10 वल्लुरी अजया बाबू भारोत्तोलन सिल्वर
11 हरजिंदर कौर भारोत्तोलन सिल्वर
12 गुलवीर सिंह एथलेटिक्स सिल्वर

बॉक्सिंग में चार पदक पक्का

भारतीय मुक्केबाजन के प्रदर्शन सानदार रहल बा। लवलीना बोरगोहेन, प्रीति पवार, प्रिया घंघास आ जादूमणि सिंह अपना-अपना मुकाबला में आगे बढ़के भारत खातिर पदक पक्का कइले बा लो। अब एह लोगन के मुकाबला के नतीजा से तय होई कि भारत के गोल्ड, सिल्वर भा ब्रॉन्ज मेडल मिली।

नीरज चोपड़ा सहित कइयन गो स्टार खिलाड़ियन से उम्मेद

आगे के मुकाबलन में भारत के पदक संख्या आउर बढ़ सकेला। स्टार भाला फेंक खिलाड़ी नीरज चोपड़ा, लॉन्ग जंपर मुरली श्रीशंकर, शॉट पुट खिलाड़ी तजिंदरपाल सिंह तूर, धाविका पारुल चौधरी आ स्प्रिंटर अनिमेष कुजूर से देस के बड़ उम्मेद बा।

नीरज चोपड़ा 2018 कॉमनवेल्थ गेम्स में गोल्ड मेडल जीत चुकल बाड़ें। अबकि बेर ऊ फेर से सानदार प्रदर्शन कs के भारत के पदक तालिका मजबूत करे के कोसिस करिहें।

खेल के हिसाब से भारत के प्रदर्शन

खेल गोल्ड सिल्वर ब्रॉन्ज कुल
भारोत्तोलन 1 5 1 7
एथलेटिक्स 0 2 0 2
पैरा एथलेटिक्स 1 0 1 2
पैरा पावरलिफ्टिंग 0 0 1 1
कुल 2 7 3 12

Read Also: Delhi News : संवैधानिक प्रमुखन पs आपत्तिजनक पोस्ट के ममिला, दिल्ली पुलिस ‘X’ से मंगलस अकाउंट धारक के पूरा जानकारी

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-