उत्तराखंड में 1000 लोगन के रेस्क्यू, हिमाचल में 116 के मौत; यूपी-बिहार समेत कइयन राज्यन में तेज बरखा के अलर्ट

By Shweta Supriya

Published on: Aug 12, 2025

नई दिल्ली। बीतल रात दिल्ली सहित आसपास के इलाकन में भारी बरखा से मौसम खुसनुमा हो गइल बा। मौसम विभाग बीतल दिन जम्मू कश्मीर आ उत्तराखंड में बारिश के रेड अलर्ट जारी कइले रहे। मूसलाधार

Share

नई दिल्ली। बीतल रात दिल्ली सहित आसपास के इलाकन में भारी बरखा से मौसम खुसनुमा हो गइल बा। मौसम विभाग बीतल दिन जम्मू कश्मीर आ उत्तराखंड में बारिश के रेड अलर्ट जारी कइले रहे। मूसलाधार बरखा के कारण पहाड़ी राज्यन में सैलाब आ गइल बा, तs ओहिजा कई गो मैदानी इलाका बाढ़ से जूझत बा। उत्तर भारत में आज कई गो जगहन पs तेज बरखा होखे के संभावना बा।

पहाड़न पs तबाही के मंजर

उत्तराखंड में बादल तबाही बनके बरसत बा। खराब मौसम के कारण 12-14 अगस्त तक तीन दिन खातिर केदारनाथ यात्रा रोक दिहल गइल। उत्तरकाशी में रेस्क्यू ऑपरेशन जारी बा। अब तक 1000 से ढेर लोगन के रेस्क्यू कइल जा चुकल बा।

ओहिजा, हिमाचल प्रदेश में भूस्खलन के कारण NH-305 बंद कs दिहल गइल बा। 360 से जादे सड़कन पs यातायात बाधित बा। बरखा के कारण हिमाचल में अभी ले 116 लोगन के मौत हो गइल बा आ 37 लोग लापता बा।

उत्तराखंड में रेड अलर्ट

मौसम विभाग उत्तराखंड सहित पश्चिम बंगाल के पहाड़ी इलाका, असम, मेघालय, सिक्किम आ अरुणाचल प्रदेश में रेड अलर्ट जारी कइले बा। एह राज्यन में गरज चमक के संगे भारी से बहुत भारी बरखा होखे के आसार बा।

दिल्ली में होई झमाझम बरखा

दिल्ली में मौसम बीतल रात से करवट ले लेले बा। दिल्ली एनसीआर में रात से तेज बरखा होत बा। मौसम विभाग आज दिल्ली सहित आसपास के इलाकन में गरज चमक के संगे तेज बरखा के अलर्ट जारी कइल गइल बा। IMD के अनुसार, दिल्ली में 30-40 किलोमीटर प्रतिघंटा के रफ्तार से हवा चली।

Read Also: Gorakhpur News : प्रेमिका से मिले गइल रहे प्रेमी… पकड़ल गइला के बाद परिजन लोग करा दिहल सादी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.