यूपी के कौशांबी में दिल दहलाए वाला हादसा, मिट्टी के टीला धंसले से 5 लोगन के दर्दनाक मउत

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 28, 2025

उत्तर प्रदेश के कौशाम्बी जिला में दिल दहला देवे वाला हादसा हो गईल। इहाँ माटी के टीला गिरला से 5 लोग के मउत हो गईल बा। जानकारी के मुताबिक एs दुर्घटना में मरेवाला लोग में

Share

कौशांबी में दिल दहलाए वाला हादसा

उत्तर प्रदेश के कौशाम्बी जिला में दिल दहला देवे वाला हादसा हो गईल। इहाँ माटी के टीला गिरला से 5 लोग के मउत हो गईल बा। जानकारी के मुताबिक एs दुर्घटना में मरेवाला लोग में महिला अवुरी दु किशोरी लईकी शामिल बाड़ी। एह हादसा में एह लोग के अलावा अउरी कई गो औरत भी घायल हो चुकल बाड़ी। सभे घाही के इलाज खातीर अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा।

पूरा बात का बा?

दरअसल इs पूरा घटना कौशाम्बी जिला के कोखराज थाना क्षेत्र के टिकरडीह गांव के हs। इहाँ माटी निकाले के दौरान एगो बड़ दुर्घटना भईल। धरती के टीला अचानक ढह गईल। एs दुर्घटना में किशोर समेत पांच महिला के मउत हो गईल। जानकारी के मुताबिक एs दुर्घटना में मरेवाला लोग में तीन महिला अवुरी दु किशोर शामिल बाड़े। जबकि बहुत महिला घाही हो गईली।

घाही लोग के माटी हटा के बाहर निकालल गईल

जइसहीं एह हादसा के खबर मिलल पूरा गाँव में दहशत मच गइल। पास के लोग कवनो तरह से माटी हटा के घायल लोग के बाहर निकालले आ इलाज खातिर अस्पताल ले जाइल गइल. घटना के जानकारी मिलते पुलिस अवुरी प्रशासन के टीम मौका पs पहुंच गईल। मरेवाला के शव के पोस्टमार्टम खातीर भेज दिहल गईल बा। जबकि घायल लोग के अस्पताल में इलाज चलता। पुलिस मामला के छानबीन में जुटल बिया.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: नइखी कs पावत हैवी वर्कआउट, तs रोजाना करीं वॉक, सेहत के मिली चौतरफा फायदा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.