[the_ad_group id="30365"]

USA vs Paraguay : अमेरिका पराग्वे के हरा के विश्व कप में जीत से सुरुआत कइलस, फोलारिन दगलें दूगो गोल

USA vs Paraguay World Cup 2026 Match Folarin Balogun Two Goals
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। सह-मेजबान अमेरिका सानदार प्रदर्शन करत फीफा विश्व कप के अपना पहिला मैच में पराग्वे के एकतरफा अंदाज में 4-1 से हरा देलस। अमेरिका खातिर फोलारिन बालोगुन दमदार खेल देखावत दु गो गोल दगलें। टीम सुरुआत से लेके अंत तक पूरा दबदबा बनवले रखलस आ एकतरफा जीत दर्ज कइलस। पराग्वे के टीम अमेरिका के खास चुनौती ना दे पवलस आ ओकरा हार झेले के पड़ल। अमेरिका एह मैच में विश्व कप इतिहास के आपन सबसे बेहतरीन प्रदर्शन कइलस।

पहिला हाफ में बनवलस दबदबा

अमेरिका पहिलके हाफ में पूरा मैच पs पकड़ बना लेले रहे। सातवां मिनट में डेमियन बोबाडिला गोल दाग के अमेरिका के 1-0 के बढ़त दिलवलें। ओकरा बाद फोलारिन अपना खेल के जलवा देखवलें। ऊ 31वां मिनट में गोल कइलें आ फेर इंजुरी टाइम में दूसरका गोल दाग देलें। एह तरे से पहिला हाफ तक अमेरिका 3-0 से आगे हो गइल। पराग्वे के टीम एह दौरान एको गोल ना कs सकलस।

दूसरा हाफ में पराग्वे के कोसिस

दूसरा हाफ में पिछड़ला के बाद पराग्वे वापसी के कोसिस कइलस। 73वां मिनट में मॉरिसियो गोल दाग के स्कोर 3-1 कs देले। एकरा बाद अमेरिका फेर से हमला तेज कइलस आ दबदबा बनवले रखलस। इंजुरी टाइम में पराग्वे बराबरी करे के कोसिस कइलस, बाकिर अमेरिका आपन डिफेंस मजबूत रखलस।

अंतिम सेकेंड में गियोवानी रेयना गोल दाग के स्कोर 4-1 कs देलें आ अमेरिका के सानदार जीत पक्का हो गइल।

ग्रुप डी में अमेरिका टॉप पs

एह जीत के बाद अमेरिका के 3 अंक मिलल आ ऊ ग्रुप डी में पहिलl स्थान पs पहुंच गइल बा। पराग्वे चउथा स्थान पs बा। तुर्किये आ ऑस्ट्रेलिया एह ग्रुप में सामिल बाड़ें।

Read Also: West Bengal : अभिषेक बनर्जी के घरे भोर में पुलिस के छापा, टीएमसी लगवलस ताला तुड़े के आरोप

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]