कोलकाता। पश्चिम बंगाल के राजनीति में सनिचर के भोर में ओह समय हड़कंप मच गइल, जब पुलिस आ केंद्रीय बल के एगो बड़ टीम तृणमूल कांग्रेस (टीएमसी) के राष्ट्रीय महासचिव अभिषेक बनर्जी के कालीघाट इस्थित घर पs छापेमारी करे पहुंच गइल। पुलिस के एगो अधिकारी बतवलें कि ई कार्रवाई पश्चिम मेदिनीपुर जिला के एगो थाना में दर्ज ममिला के जांच के सिलसिला में कइल गइल बा।
ई छापेमारी अइसन समय में भइल बा, जब दू दिन पहिले पश्चिम बंगाल सीआईडी कथित फर्जी हस्ताक्षर ममिला में अभिषेक बनर्जी से कइयन घंटा तक पूछताछ कइले रहे। एकरा अलावे अलग-अलग जांच एजेंसियो उनका के कइयन गो नया समन जारी कइले बाड़ी सs।
रात के 3 बजे पहुंचल पुलिस टीम
जानकारी के मोताबिक, पश्चिम मेदिनीपुर के शालबनी थाना आ कोलकाता पुलिस के अधिकारी सहित कइयन गो पुलिसकर्मी सनिचर के भोर में करीब 3 बजे अभिषेक बनर्जी के आवास पs पहुंचल लोग। घर के बाहर केंद्रीय बल के जवान तैनात हो गइल लाेग, जबकि पुलिस अधिकारी अंदर जाये के कोसिस करे लगलें।
बतावल जा रहल बा कि पुलिस अभिषेक बनर्जी के कार्यकारी सहायक सुमित रॉय के तलाश में पहुंचल रहे। सुमित रॉय एगो ममिला में फरार बतावल जा रहल बाड़ें।
ताला तुड़ के घर में घुसे के आरोप
रिपोर्ट के मोताबिक, पुलिस टीम पहिले कइयन बेर दरवाजा खटखटवलस, बाकिर जब बहुत देर तक कवनो जवाब ना मिलल तs टीम बाहर इंतजार करत रहे। करीब दू घंटा से जादे समय इंतजार कइला के बाद पुलिस राज्य आपदा प्रबंधन विभाग के मदद से मुख्य गेट के ताला तुड़ के घर में प्रवेश कइलस।
टीएमसी आरोप लगवले बिया कि पुलिस जबरदस्ती ताला तुड़ के घर में घुसल आ पूरा आवास के तलाशी लेलस। पार्टी के कहनाम बा कि कार्रवाई कइयन घंटा तक चलल आ भोर में पुलिसकर्मी घर के अंदर मवजूद रहे।
ममता बनर्जी पहुंचली
छापेमारी के जानकारी मिलही पश्चिम बंगाल के पूर्व मुख्यमंत्री ममता बनर्जी अभिषेक बनर्जी के आवास पs पहुंच गइली। करीब दू घंटा से जादे समय चलल कार्रवाई के बाद पुलिस आ सुरक्षा बल के टीम उहां से रवाना हो गइल। बाद में अभिषेक बनर्जी आरोप लगवलें कि सुरक्षा बल मुख्य दरवाजा के ताला तुड़ के घर में घुसल आ तलाशी लिहल।
तीन दिन लगातार जांच एजेंसी के सामने पेशी
अभिषेक बनर्जी के 14, 15 आ 16 जून के अलग-अलग ममिला में जांच एजेंसी के सामने पेश होखे के बा।14 जून के विधानसभा से जुड़ल कथित फर्जी हस्ताक्षर ममिला में सीआईडी पूछताछ करी। 15 जून के शिक्षक भर्ती घोटाला मामला में प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) के सामने पेशी होखे के बा। जबकि 16 जून के केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह से जुड़ल धमकी आ हिंसा भड़कावे के आरोप वाला ममिला में फेर से सीआईडी पूछताछ करी।








