Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

USA: देस में तेजी से बढ़ रहल बा गेमिंग बाजार, अमेरिका के ‘गेम डेवलेपर्स कॉन्फ्रेंस’ में पहिला बेर भारत के पेवेलियन

450

अमेरिका के सैन फ्रांसिस्को में गेम डेवलेपर्स कॉन्फ्रेंस आयोजित कइल जा रहल बानी। खास बात ई बार कि पहिला बेर में भारतो के पेवेलियन बा। ई भारत आ अमेरिका के बढ़त संबंधन के देखावत बा। यूएस इंडिया स्ट्रैटेजिक एंड पार्टनरशिप फोरम के सहजोग से गेम डेवलेपर्स कॉन्फ्रेंस में भारत के पेवेलियन के उद्घाटन कइल गइल बा। फोरम के अध्यक्ष मुकेश अघी बतवलें कि भारत पेवेलियन के उद्घाटन भारत-अमेरिका के संबंधन में मील के पत्थर बा।

देस में तेजी से बढ़ रहल बा गेमिंग इंडस्ट्री

गेम डेवलेपर्स कॉन्फ्रेंस में भारत के पेवेलियन के बुध के उद्घाटन कइल गइल। संगही एह दौरान ‘इंडिया गेमिंग मार्केट रिपोर्ट’ जारी कइल गइल। रिपोर्ट के मोताबिक, भारत के गेमिंग मार्केट साल 2023 में 3.1 अरब डॉलर रहे, जवना के साल 2028 तक छह अरब डॉलर तक पहुंचे के अनुमान बा। कार्यक्रम में सैन फ्रांसिस्को में भारत के महावाणिज्य दूत के श्रीकर रेड्डी सहित कइयन गो आउर अधिकारियो सामिल बा लो। रेड्डी कहलें कि भारत के डिजिटल अर्थव्यवस्था में बहुते संभावना बा।

देस में 56 करोड़ ऑनलाइन गेम खेले वाला लोग

इंडिया गेमिंग मार्केट के रिपोर्ट के अनुसार, भारत में अभी ऑनलाइन गेमिंग सेक्टर में एक लाख लोग काम करत बा आ आवे वाला दशक में एह सेक्टर में ढाई लाख नौकरियन के पैदा होखे के अनुमान बा। भारत में साल 2023 में इंटरनेट यूजर्स के संख्या 88 करोड़ रहे, जवना के साल 2028 तक 1.2 अरब डॉलर पहुंचे के अनुमान बा। रिपोर्ट में बतावल गइल बा कि साल 2023 में ऑनलाइन गेम खेले वाला लोगन के संख्या करीब 56 करोड़ रहे, जवन 2028 तक बढ़के 89 करोड़ हो जाई।

भारत में साल 2015 में खाली 25 गो गेमिंग कंपनी रहे, जवन साल 2023 में बढ़के 1400 हो गइल बा। भारत में दुनिया में सबसे जादे मोबाइल गेम एप डाउनलोड कइल जाला।

771500cookie-checkUSA: देस में तेजी से बढ़ रहल बा गेमिंग बाजार, अमेरिका के ‘गेम डेवलेपर्स कॉन्फ्रेंस’ में पहिला बेर भारत के पेवेलियन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.