US-Iran Talk : इस्लामाबाद में आज दुसरका दौर, का बन पाई सहमति?

US and Iran delegates meeting in Islamabad for second round of peace talks in 2026

Share

नई दिल्ली। मिडिल ईस्ट में चल रहल सीजफायर के बीच, आज सनिचर के ईरान आ अमेरिका के बीच इस्लामाबाद में शांति वार्ता के दूसरका दौर सुरू होखे जा रहल बा।

अमेरिका के राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप अपना दूत स्टीव विटकॉफ आ जेरेड कुशनर के भेज रहल बाड़ें। ओने, ईरान के ओर से बिदेस मंत्री अब्बास अराघची प्रतिनिधित्व करिहें।

ई बातचीत ईरान-हिजबुल्लाह सीजफायर के तीन हफ्ता खातिर बढ़ावल गइला के एक दिन बाद हो रहल बा। हालांकि 28 फरवरी से सुरू भइल संघर्ष अभियो खतम होखे के कवनो साफ संकेत नइखे लउअत।

सीधा बातचीत पs मतभेद

व्हाइट हाउस के मोताबिक, अमेरिकी दूत ईरानी प्रतिनिधियन से आमने-सामने बातचीत करिहें। बाकिर ईरानी मीडिया कहत बा कि सीधा बातचीत के कवनो योजना नइखे।

व्हाइट हाउस के प्रेस सचिव कैरोलिन लेविट बतवली कि बातचीत सार्थक हो सकेला आ एकरा से कवनो समझौता के राह खुल सकेला।

आगे ओमान आ रूस के दौरा

ईरान के प्रवक्ता बतवलें कि पाकिस्तान में रुकला के बाद अराघची ओमान आ रूस के दौरा करिहें, जहां ऊ युद्ध खतम करे के कोसिसन पs चरचा करिहें।

पहिला दौर रहल रहे बेनतीजा

इस्लामाबाद में एकरा से पहिले 11-12 अप्रिल के भइल पहिला दौर कवनो नतीजा पs ना पहुंच सकल। तीन गो बड़ मुद्दा पs असहमति के चलते वार्ता फेल हो गइल रहे:

  • तेहरान के उच्च स्तर पs यूरेनियम संवर्धन
  • परमाणु कार्यक्रम के भविष्य
  • होर्मुज जलडमरूमध्य के खोलल आ लेबनान में इजरायल के युद्ध

ईरान साफ कहले बा कि ऊ यूरेनियम संवर्धन के आपन अधिकार मानेला, हालांकि स्तर के बारे में बातचीत संभव बा। अब देखे के बा कि आज के एह दूसरका दौर में दुनो देस कवनो सहमति पs पहुंच पावेला कि ना।

Read Also: Bihar News : सीएम सम्राट चौधरी नीतीश कुमार से मिललें, ललन सिंह रहलें साथे; जानीं सियासी हलचल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-