Bihar News : सीएम सम्राट चौधरी नीतीश कुमार से मिललें, ललन सिंह रहलें साथे; जानीं सियासी हलचल

Share

पटना। विधानसभा में फ्लोर टेस्ट आसानी से पास कइला के बाद मुख्यमंत्री सम्राट चौधरी आज पूर्व मुख्यमंत्री आ जनता दल (यूनाइटेड) के अध्यक्ष नीतीश कुमार से मिले खातिर एक अणे मार्ग पहुंचलें। उनका संगे ललन सिंह मवजूद रहलें।

सम्राट चौधरी, नीतीश कुमार से आशीर्वाद लेलें आ करीब 15 मिनट तक तीनो नेता के बीच बातचीत भइल। ओकरा बाद ऊ एक अणे मार्ग से रवाना हो गइलें।

विजय सिन्हा उज्जैन पहुंचलें

मुख्यमंत्री सम्राट चौधरी आज सीतामढ़ी के पुनौराधाम मंदिर में विशेष पूजा-अर्चना करिहें। पूजा के बाद ऊ जगद्गुरु स्वामी रामभद्राचार्य से मुलाकात करिहें।
एह बीच, पूर्व उपमुख्यमंत्री विजय सिन्हा उज्जैन में महाकालेश्वर मंदिर पहुंचलें, जहंवा ऊ अपना परिवार संगे भस्म आरती में सामिल भइलें।

‘लालू हमनी पs अत्याचार कइले रहस’- सम्राट चौधरी

एकरा से एक दिन पहिले मुख्यमंत्री सम्राट चौधरी, नीतीश कुमार के कार्यकाल के तारीफ कइले रहलें। सदन में ऊ कहलें कि नरेंद्र मोदी देस के विकास चाहत बाड़ें, तs नीतीश कुमार बिहार के समृद्ध बनावे के सोचत बाड़ें।

तेजस्वी पs तंज कसत ऊ कहलें कि पाठशाला केहू के बपौती ना हs। विरासत से बाहर निकलल जरूरी बा।

ऊ आगे कहलें कि उनका बिहार के 14 करोड़ जनता के आशीर्वाद मिलल बा। लालू प्रसाद यादव पs आरोप लगावत ऊ कहलें कि लालू यादव उनका के जेल भेजववले रहलें, जहां उनका परिवार के 22 लोग जेल गइल रहे।

सम्राट चौधरी कहलें कि अगर ओह समय उनकरा पर अत्याचार ना भइल रहित, तs आज ऊ मुख्यमंत्री ना बन पवतें। एनडीए के एकजुटता पs जोर देत ऊ कहलें कि पूरा गठबंधन एक संगे बा।

Read Also: Sonbhadra Road Accident : सोनभद्र में भीषण सड़क हादसा, बरात से लवटत तीन लोगन के मौत, पांच घायल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-